Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur: अस्पताल में कैंसर से जूझत रहे माइ, स्वार्थी बेटी गहना आ रुपिया लेके प्रेमी के साथे भइल फरार

स्वार्थ के सामने माई के दुलार भुला के लईकी अपना प्रेमी के संगे भाग गईल। उ अपना माई के इलाज खातीर राखल पईसा अवुरी गहना भी बटोर के लेके चल गइल। बेरहम बेटी के ए हरकत से परिवार के लोग भी परेशान बाड़े। एम्स में कैंसर से लड़ाई लड़त माई खातिर बेटी के एक बेर भी दरद ना भईल। दू साल पहिले भी उ मोहल्ला में रहे वाला अपना प्रेमी के संगे भाग गईल रहली।

494

 

गोरखपुर जिला में अपना बेटी के माई के ठुकरावे के मामला सोझा आईल बा। इहाँ रामगढ़ताल इलाका में एगो युवती अपना माई के दुलार के नकारत चल गईल जब ओकरा अपना बेटी के बहुत जरूरत रहे। इहाँ एम्स में महतारी कैंसर से लड़ाई लड़त बिया, जबकि बेटी अपना माइ दरद के भुला के अपना प्रेमी के संगे 50 हजार रुपिया अवुरी गहना बटोर के घर से निकल गईल। जेकरा माई के दुलार भुला के बेटी के अईसन कदम उठावे के बारे में पता चलल, उ ओकर संवेदनहीन व्यवहार के कोसे लागल। बेटी के ए हरकत से परिवार के लोग परेशान बाड़े।

चाचा स्वार्थी भतीजी के खिलाफ पुलिस के तहरीर देले

बेटी के ए हरकत के चलते माई के इलाज के खर्चा खातीर राखल रकम से परिजन हाथ धो बइठल बाड़े। कठिन समय में जवन आभूषण काम आई, उहो अपना संगे ले गईल । अइसन स्थिति में व्यथित ओकर चाचा पुलिस से मदद मंगले बाड़े। उ रामगढ़तल थाना में शिकायत देले बाड़े। लिखल बा कि उनकर भउजाई कैंसर से पीड़ित बाड़ी। उ 15 दिन से एम्स में भर्ती बाड़ी, जहां उनुकर इलाज चलता। 11 अगस्त के सबेरे उनुकर भतीजी मोहल्ला के अभिषेक चौहान के संगे घर से निकल गईली। संगही 50 हजार रुपया अवुरी घर में राखल गहना लेके चल गईल बाड़ी। एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई बतवले कि आरोपी के तलाश जारी बा।

दू साल पहिले के हरकत परिवार भुला गईल रहे

परिजन के मुताबिक, बेमार महतारी के छोड़ के पईसा अवुरी गहना लेके भागल लईकी दु साल पहिले आरोपी युवक के संगे घर से निकलल रहे। तब रिश्तेदार अज्ञानता में भईल गलती मानत उनुकर ए हरकत भूला गईले। पुलिस जब बेटी के तलाश कईलस त रिश्तेदार ओकरा के अपना लेले रहले।

 

 

625380cookie-checkGorakhpur: अस्पताल में कैंसर से जूझत रहे माइ, स्वार्थी बेटी गहना आ रुपिया लेके प्रेमी के साथे भइल फरार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.