भारतीय स्मार्टफोन ब्रैंड लावा के सबब्रैंड प्रोवॉच एगो नया स्मार्टवॉच के लॉन्च कइले बा। एकर नाम Prowatch X बा। दावा बा कि ई अपना प्राइस सेगमेंट में आवे वाली पहिला घड़ी हs, जेमे कइयन प्रमुख हेल्थ फीचर दिहल गइल बा। ई वायु प्रदूषण के हाल माने एक्यूआई बतावेले आ कलाई में पहिनला के बाद अपना यूजर के बॉडी एनर्जी के मॉनिटरिंग कs सकत बिया। Prowatch X के आकर्षक देखावे के कोसिस कंपनी कइले बिया। ई राउंड डायल में आवेले आ ई 1.43 इंच के एमोलेड डिस्प्ले ऑफर करेले। डिस्प्ले में कोर्निंग गोरिल्ला ग्लास 3 के प्रोटेक्शन दिहल गइल बा। Prowatch X के कंपनी 2 साल के वॉरंटी के संगे बेच रहल बिया। एकर कीमत 4499 रुपिया रखल गइल बा, जवन इंट्रोडक्टरी प्राइस हs। आईं जानल जाव Prowatch X के प्रमुख फीचर आ एकरा के कहां से किनल जा सकत बा।
Prowatch X के कीमत 4499 रुपिया बा। 15 फरवरी से 18 फरवरी के बीच प्री-ऑर्डर करे पs एह वॉच के 1 हजार रुपिया के फ्लैट डिस्काउंट के संगे लिहल जा सकी। वॉच के सेल 21 फरवरी से सुरू होई। ई Flipkart पs मिली।
Prowatch X के प्रमुख खूबी
Prowatch X के तीन स्ट्रैप वेरिएंट्स में ले आवल गइल बा। एमे सिलिकाॅन, नायलॉन आ मेटल स्ट्रैप सामिल बा। जइसन कि हमनी के बतवनी सs एह वॉच में 1.43 इंच के एमोलेड डिस्प्ले दिहल गइल बा, जवन ऑलवेज ऑन के सुविधा देला। IP68 रेटिंग एह वॉच के मिलल बा, जवना के मतलब बा कि ई पानी से होखे वाला नुकसान से बचल रह सकत बा। डिस्प्ले में कोर्निंग गोरिल्ला ग्लास 3 के प्रोटेक्शन बा, जवन वॉच के स्क्रैच से प्रोटेक्ट करे में मददगार होई।
ब्लूटूथ कॉलिंग के बा सपोर्ट
Prowatch X ब्लूटूथ 5.3 कनेक्टिविटी के सपोर्ट करत बा। दावा बा कि वॉच के माध्यम से ब्लूटूथ कॉलिंग कइल जा सकत बा आ मैसेजन के क्विक रिप्लाई कइल जा सकत बा।
एल्युमीनियम अलॉय के भइल बा इस्तेमाल
Prowatch X के बनावे में एल्युमीनियम मेटल अलॉय के इस्तेमाल कइल गइल बा। कंपनी बेहतर फिनिश देवे के कोसिस कइले बिया। वॉच में 300 एमएएच के बैटरी मिलत बा। दावा बा कि सिंगल चार्ज में ई 8 से 10 दिन चल सकत बा आ जीपीएस के इस्तेमाल कइला पs 17 घंटन के बैकअप दे सकत बिया।
हार्ट रेट मॉनिटर
Prowatch X के एंड्रॉयड आ आईओएस दुनो के संगे कनेक्ट कइल जा सकत बा। एमे कइयन सारा सेंसर दिहल गइल बा, जवना के मदद से यूजर अपना हार्ट रेट के मॉनिटर कs सकत बा। ब्लड में ऑक्सीजन के लेवल के पता लगावल जा सकत बा। इन-बिल्ट जीपीएस तs एमे मिलतही बा।
मिली स्लीप ट्रैकिंग
Prowatch X में 110 से जादे स्पोर्ट्स मोड बा। दउड़ से जुड़ल कइयन गो कोर्स के सामिल कइल गइल बा। एह वॉच के पहिनके ब्रीदिंग एक्सरसाइज कइल जा सकत बा। ई नींद के भी ट्रैक करे में सक्षम बा माने, रउआ केतना देर गहिराह नींद सुतल बानी, ई वॉच बता दी।
आउर का बा खास
Prowatch X में एयर क्वॉलिटी इंडेक्स माने एक्यूआई से जुड़ल अपडेट मिलत बा। जेस्टर कंट्रोल के सुविधा बा। 150 से जादे वॉच फेस दिहल गइल बा।
Read Also: Gorakhpur News: अस्पताल भवन बनके होत रहे तइयार, श्रमिक लगा लेलस फंदा- मौत