[the_ad_group id="30365"]

Delhi: वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के AIIMS से मिलल छुट्टी, बोखार के शिकायत के बाद भइल रहली भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के दिल्ली एम्स से डिस्चार्ज कs दिहल गइल रहे। सीतारमण के बोखार आवे के कारण सोमार के दिल्ली के एम्स में भर्ती कइल गइल रहे। एकरा बाद बतावल गइल रहे कि ऊ रूटीन चैकअप खातिर एम्स में भर्ती भइल बाड़ी। एह दौरान निर्मला सीतारमण के स्वास्थ के लेके लगातार बुलेटिन जारी कइल जा रहल बा। अब चार दिन बाद उनका एम्स से छुट्टी कs दिहल गइल रहे। 63 वर्षीय निर्मला सीतारमण के एम्स के प्राइवेट वॉर्ड में भर्ती करावल गइल रहे।

एक फरवरी के करिहें बजट पेश

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण एक फरवरी के आम बजट पेश करे वाला बाड़ी। एह बजट के लेके कइयन दिनन से चरचा हो रहल बा। 2024 में होखे वाला लोकसभा चुनाव के पहिले ई आखिरी फुल बजट होई जवन सीतारमण पेश करिहें।

भर्ती होखला से पहिले चेन्नई गइल रहली सीतारमण

63 वर्षीय वित्त मंत्री एम्स में भर्ती होखे से पहिले चेन्नई के दौरा पs गइल रहली। ऊ चेन्नई में एमजीआर मेडिकल यूनिवर्सिटी के एगो खास समारोह में शिरकत कइले रहली।  एकरा बाद अतवार के सीतारमण पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के जयंती के मवका पs दिल्ली वापस अइली। सीतारमण समाधि स्थल पहुंचके वाजपेयी के श्रद्धांजलि अर्पित कइले रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]