Sitapur: गन्ना किसानन खातिर सुमिल केमिकल्स इंडस्ट्रीज मुंबई के ओर से सीतापुर के बिसवा बाजार में गन्ना के फसल मे लागे वाला कीट आ रोग से होखे वाला नुकसान आ ओकर रोकथाम के संगे-संगे अपना धरती माई के स्वास्थ्य के कइसे बचावल जाव एकरा खातिर एक हफ्ता के जागरूकता अभियान सुरू कइल गइल। एकरा खातिर स्थानीय वितरक आशीष किसान सेवा केंद्र के सहजोग से अलग-अलग बाजारन, गन्ना क्रय केंद्र आ गन्ना मिल बिसवा मे रोड शो आ एक हफ्ता के के किसान जागरूकता अभियान के सुरुआत कइल गइल।
NAZARIA| नजरिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI |
जागरूकता अभियान में सुमिल केमिकल्स के जोनल मैनेजर एके सिंह, रीजनल मार्केटिंग मैनेजर मान सिह, अखिलेश कुशवाहा आ आउर सहजोगियन के माध्यम से गांव-गाव मे किसान चौपाल लगाके किसानन के जागरूक कs रहल बा लो। एकरा तहत गन्ना के फसल में किसानन द्वारा प्रयोग कइल जाये वाला विश्व पहिला पेटेंट उत्पाद ट्रेयान जेड एफ एस के प्रयोग से होखे वाला लाभ के बारे में बतावल गइल। एक संगे फसल सुरक्षा आ फसल पोषण, स्वस्थ आ जादे अकुरण, जड़न के मजबूत आ बहुत जादे विकास, सल्फर आ जिंक आक्साइड होखला के कारण माटी के स्वास्थ्य मे सुधार के संगे-संगे नाइट्रोजन आ फास्फेट के उपलब्धता में बढ़न्ती संगे आ फसल के प्रतिरोधक क्षमता मे बढ़न्ती के बार एकर जानकारी किसान भाइयन के दिहल गइल।
Read Also: आजु 11 बजे PM मोदी संगम में करिहें पवित्र स्नान, प्रयागराज में सिक्योरिटी प्रोटोकॉल लागू