[the_ad_group id="30365"]

UP Weather: यूपी में प्रचंड गर्मी से 33 की मौत… सबसे गरम रहा इ शहर; मौसम विभाग बतवलस कब से मिली राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में प्रचंड गरमी से राहत नइखे मिल रहल बा। सनीचर के कानपुर देस में सबसे गरम रहल। कानपुर में दिन के तापमान 46.3 डिग्री रहल। 35.2 डिग्री सेल्सियस के संगे इहां के रातो देस में सबसे गरम रहल।

प्रदेश के जादेतर हिस्सा लू आ गरमी के चपेट में रहल। सनीचर के अलग-अलग क्षेत्रन में गरमी से 31 लोगन के मौत हो गइल। मौसम विभाग के मोताबिक, सोमार तक अइसने हालत रही। अतवार के पारा बढ़ला के अनुमान जतावल जा रहल बा।

18 से राहत संभव

मौसम विभाग केंद्र के वरिष्ठ वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह के मोताबिक, 18 जून के रात से एगो नया पश्चिमी विक्षोभ उत्तर पश्चिम भारत के प्रभावित कs सकत बा। 17 जून के बाद पूर्वी तराई क्षेत्र में बंगाल के खाड़ी से आवे वाली नम पुरवा हवा के प्रभाव से बादल छइला के आसार बा। संगही बरखा के संभावना बनल बा। अइसन में मौसम में कुछ सुधार से राहत मिल सकत बा।

कानपुर आ बुंदेलखंड में गरमी के चलते सनीचर के 20 लोगन के मौत हो गइल। एमे कानपुर में आठ, चित्रकूट में छव, महोबा में तीन आ बांदा आउर हमीरपुर में एक-एक व्यक्ति के मौत भइल बा। एकरा अलावे वाराणसी आउर आसपास गरमी से 14 लोगन के जान चल गइल। एमे वाराणसी में सात, बलिया में तीन, मिर्जापुर में दु आ गाजीपुर आउर सोनभद्र में एक-एक के व्यक्ति के जान गइल बा।

मानसून अपडेटः अगले चार-पांच दिन में आगे बढ़ेगा मानसून

आंचलिक मौसम विज्ञान केन्द्र के वरिष्ठ मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह सनीचर के मानसून अपडेट देत कहलें कि आगामी 4-5 दिनन के दौरान महाराष्ट्र, छत्तीसगढ़, ओडिशा, तटीय आंध्र प्रदेश आ उत्तर-पश्चिमी बंगाल के खाड़ी के कुछ आउर हिस्सन आ गंगीय पश्चिम बंगाल के कुछ हिस्सन, उप-हिमालयी पश्चिम बंगाल के शेष हिस्सन आ बिहार के कुछ हिस्सन में दक्षिण-पश्चिम मानसून आगे बढ़ सकत बा। एकरा खातिर परिस्थितिय अनुकूल बा। बिहार में आगे बढ़ला के बादे मानसून के उत्तर प्रदेश में आगे बढ़े के संबंध में इस्थिति स्पष्ट होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]