[the_ad_group id="30365"]

अनपढ़ बेटा के अफसर बता के तय कइलस शादी, स्टेज पs दुल्हिन पूछलस एगो सवाल, खड़ा-खड़ा टूट गइल रिश्ता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आजकल भारत में लगन के मौसम चल रहल बा। बस कुछ दिन अउरी बाद लगन खतम हो जाई आ बियाह समेत शुभ काम पs रोक लगा दिहल जाई। भारत में हर आदमी बियाह जईसन काम खाली शुभ समय में करे के कोशिश करेला। कहल जाला कि बढ़िया समय के असर रिश्ता पs पड़ेला। लेकिन जब कुछ लोग के नीयत खराब होखेला तs उs लोग एs निमन समय में भी दोसरा लोग के जीवन बर्बाद करे के कोशिश करेले। एही तरह के कोशिश महोबा में एगो लईकी के संगे भईल।

कुछ समय पहिले उत्तर प्रदेश के महोबा में एगो बियाह के लेके बहुत चर्चा भईल रहे। एह बियाह के आधार झूठ रहे।

लइका के परिवार एह बात के छिपा के रखले रहे कि उनकर बेटा अनपढ़ बा। लेकिन लईकी समझदार निकलल। बियाह के बारात के बाद जब दूल्हा जयमाला स्टेज पs अईले तs दुल्हिन उनुका से एगो साधारण सवाल पूछली। जवाब ना मिलला के चलते लइकी बियाह तूड़ देले।

दू के पहाड़ पूछले रहे

ई मामिला मई 2021 के बा। बाकिर इs घटना एक बार फिर एह बारात के मौसम में वायरल हो रहल बा। एकरा के फेर से सोशल मीडिया पs जागरूकता खातिर शेयर कइल जा रहल बा। एह बियाह में लईका के अनपढ़ होखे के बात लईकी से छिपल रहे। लेकिन लईकी के एकरा पs शक हो गईल रहे। अइसना में जयमाला के स्टेज पs लइकी दूल्हा से दु के पहाड़ा के सुनावे के कहलस। जब लईका अयीसन ना कs पवलस तs लईकी ओकरा से बियाह करे से मना कs देलस।

मामिला पुलिस ले पहुंच गईल रहे

महोबा के ई अनोखा मामिला आखिरकार पुलिस ही सुलझा लिहलस। लईकी के बियाह करे से मना कईला पs लईका के परिवार में हंगामा मच गईल। ओकरा बाद पुलिस के हस्तक्षेप के बाद मामिला के समाधान हो गईल। लईकी के परिवार के ओर से खर्च भईल सभ ​​पईसा लईका के परिवार वापस के देले रहे। डिलीवर भईल सामान वापस कs दिहल गईल। एकरा खातिर एगो औपचारिक समझौता भईल, जवना पs दुनो पक्ष से हस्ताक्षर लिहल गईल।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]