IND vs ENG: दुबे के कन्कशन के तौर पs हर्षित राणा के खेलला पs मचल बवाल, वॉन आ बटलर उठावल लो सवाल

Anurag Ranjan
कन्कशन रिप्लेसमेंट पs विवाद हो रहल बा - फोटो : X


स्पाेर्ट्स डेस्क। भारत सुक के पुणे में खेलल गइल टी20 में इंग्लैंड के 15 रन से हरा देलस। एह जीत के संगही टीम इंडिया पांच मैचन के टी20 सीरीज में 3-1 के अजेय बढ़त हासिल कs लेले बिया। हालांकि, टीम इंडिया के जीत से जादे चरचा शिवम दुबे के कन्कशन सब्स्टिट्यूट के तौर पs मैदान पs आइल हर्षित राणा के हो रहल बा। हर्षित मैदान पs अइलें आ ऊ बाजी के पलट देलें। तीन विकेट लेके ऊ इंग्लैंड के मध्यक्रम के धराशाई कs दिहल। हालांकि, अब कुछ पूर्व क्रिकेटर्स आ कुछ फैंस कन्कशन के लाइक टू लाइक सब्स्टिट्यूट के नियम पs सवाल खड़ा कs रहल बा। इंग्लैंड के पूर्व कप्तान माइकल वॉन से लेके मवजूदा कप्तान जोस बटलर तक दुबे के सही सब्स्टिट्यूट के रूप में हर्षित के आवे के गलत बतवले बाड़ें। हर्षित आ रवि बिश्नोई के तीन-तीन विकेट से इंग्लैंड के टीम 166 रन पs सिमट गइल।

हर्षित राणा - फोटो : BCCI
हर्षित राणा – फोटो : BCCI

वॉन लाइक टू लाइक रिप्लेसमेंट वाला नियम पs सवाल खड़ा कइलें

केहूओ ना सोचले रहे कि हर्षित के टी20 में डेब्यू एगो कन्कशन सब्स्टिट्यूट के रूप में होई। दरअसल, पहिला पारी में भारत बल्लेबाजी कइलस आ शिवम दुबे बेहतरीन अर्धशतक जड़लें। हालांकि, बल्लेबाजी के दौरान पारी के 20वें ओवर में उनका माथा पs जेमी ओवरटन के गेना लागल रहे। एकरा बाद उनका के बल्लेबाजी करे खातिर क्लीयर कइल गइल रहे, बाकिर ऊ पारी के आखिरी गेना पs रन आउट हो गइल। एकरा बाद ऊ गेंदबाजी खातिर ना अइलें, हर्षित के कन्कशन सब्स्टिट्यूट के रूप में डेब्यू करे के पड़ल। हर्षित प्रभाव छोड़लें आ 33 रन देके तीन विकेट लेलें। ई बटलर आ वॉन के नाराज कs देलस। वॉन ट्विटर पs लिखलें कि हर्षित कवनो हालत में दुबे के लाइक टू लाइक रिप्लेसमेंट नइखें। ऊ लिखलें, ‘कइसे एगो पूर्ण रूप से तेज गेंदबाज एगो अइसन बल्लेबाज के जगह मैदान पs आ सकत बा जे पार्ट टाइम गेंदबाजी करत होखे।

‘बटलर कहलें- हमनी के एह फैसला से बिल्कुल सहमत नइखी सs’

ओहिजा, बटलर मैच के बाद कहलें, ‘ई लाइक टू लाइक रिप्लेसमेंट ना रहे। हमनी के एकरा से सहमत नइखी सs, या तs शिवम दुबे गेंदबाजी में लगभग 25 मील प्रति घंटा के रफ्तार बढ़ा लेले बाड़ें भा हर्षित अपना बल्लेबाजी में काफी सुधार कइले बाड़ें (तंज कसत )। ई खेल के हिस्सा हs हमनी के वास्तव में मैच जीते के चाहीं, बाकिर हमनी के फैसला से असहमत बानी सs। हमनी के कवनो परामर्श ना कइल गइल रहे। बल्लेबाजी के बेरा हम इहे सोचत रहनी कि हर्षित केकरा के खातिर मैदान पs आइल बाड़ें? हर्षित दुबे खातिर एगो कन्कशन रिप्लेसमेंट हवे! एकरा खातिर हम स्पष्ट रूप से असहमत बानी। ई लाइक टू लाइक रिप्लेसमेंट कहीं से नइखे। भारतीय टीम मैनेजमेंट के कहनाम रहे कि मैच रेफरी (जवागल श्रीनाथ) ई फैसला कइले रहस। एमे भा कवनो हिस्सा में हमनी के कवनो बात ना रहे। बाकिर हमनी के जवागल से कुछ सवाल पूछेम सs ताकि एकरा बारे में कुछ स्पष्टता मिल सके।’

हर्षित राणा - फोटो : BCCI
हर्षित राणा – फोटो : BCCI

सोशल मीडिया पs फैंस के आ रहल बा प्रतिक्रिया

बटलर कहलें, ‘हालांकि, ई एकमात्र कारण ना रहे कि हमनी के मैच ना जीत पवनी सs। हमनी के लगे मैच जीते के मवका रहे, जवना के हमनी के हासिल कs सकत रहनी सs, बाकिर हमनी के कन्कशन वाला ममिला पs तनिका आउर स्पष्टता चाहेम सs।’ कइयन गो फैंस एह फैसला से नाखुश बा। उनकर माननल बा कि दुबे के कन्कशन रिप्लेसमेंट के तौर रमनदीप सिंह के आवे के चाहत रहे। कुछ लोग एकरो पs तंज कसले बा।

का कहत बा नियम?

कन्कशन रिप्लेसमेंट खातिर आईसीसी के खेल शर्तन के नियम 1.2.7.3 में कहल गइल बा, ‘आईसीसी मैच रेफरी आमतौर पs एगो कन्कशन रिप्लेसमेंट अनुरोध के तब मंजूरी देला जब रिप्लेसमेंट लाइक टू लाइक होखे, ओह खिलाड़ी के टीम में अइला पs रिप्लेसमेंट करे वाली टीम के कवनो अतिरिक्त लाभ ना मिली।’ नियम 1.2.7.7 में कहल गइल बा, ‘कवनो कन्कशन रिप्लेसमेंट अनुरोध के संबंध में आईसीसी मैच रेफरी के निर्णय अंतिम होई आ कवनो टीम के अपील के कवनो अधिकार ना होखे।’ ई पहिला बेर ना रहे कि भारत खातिर अइसन इस्थिति बनल होखे। साल 2020 में स्पिनर युजवेंद्र चहल ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ टी20 मैच में ऑलराउंडर रवींद्र जडेजा खातिर कनकशन सब के रूप में अइलें आ तीन विकेट लेके प्लेयर ऑफ द मैच के पुरस्कार जीतलें।

हार्दिक पांड्या-शिवम दुबे – फोटो : BCCI

दुबे आ हार्दिक अर्धशतक लगाके भारत के 180 के पार पहुंचवलस

मैच के बात करीं तs भारत 20 ओवर में नव विकेट गंवाके 181 रन बनवलस। पहिले बल्लेबाजी करत एगो वक्त पs 12 रन पs तीन विकेट गंवा देले रहे। सैमसन के खराब फॉर्म जारी रहल आ ऊ एक रन बनाके आउट भइलें। ओहिजा, तिलक वर्मा आ कप्तान सूर्यकुमार यादव खाता ना खोल सकलें। अभिषेक शर्मा 19 गेना में चार चौका आ एगो छक्का के मदद से 29 रन आ रिंकू सिंह 26 गेना में चार चौका आ एक छक्का के मदद से 30 रन बनाके आउट भइलें। फेर शिवम दुबे आ हार्दिक पांड्या छठा विकेट खातिर 87 रन के साझेदारी निभवलें। दुबे टी20 अंतरराष्ट्रीय करिअर के चउथा अर्धशतक लगवलें, जबकि हार्दिक पांचवां अर्धशतक जड़लें। हार्दिक 30 गेना में चार चौका आ चार छक्का के मदद से 53 रन बनाके आउट भइलें। ओहिजा, दुबे 34 गेना में सात चौका आ दु छक्का के मदद से 53 रन बनवलें। अक्षर पांच रन बना सकलें, जबकि अर्शदीप खाता ना खोल पवलें। इंग्लैंड के ओर से साकिब महमूद तीन आ जेमी ओवरटन दु विकेट लेलें। ब्राइडन कार्स आ आदिल राशिद के एक-एक विकेट मिलल।

हार्दिक पांड्या-शिवम दुबे – फोटो : BCCI

इंग्लैंड के टीम अच्छा सुरुआत के ना भुना सकल

जवाब में इंग्लैंड के टीम 166 रन बना सकल। फिल सॉल्ट आ बेन डकेट टीम के सानदार सुरुआत दिहल लो आ 62 रन के साझेदारी निभवलें। सॉल्ट 23 रन आ डकेट 19 गेना में 39 रन बनाके आउट भइलें। कप्तान बटलर दु रन बना सकलें। हैरी ब्रूक 26 गेना में पांच चौका आ दु छक्का के मदद से 51 रन बनवलें। लिविंगस्टोन नव रन, जैकब बेथेल छव रन आ ओवरटन 19 रन बनवलें। ब्राइडन कार्स आ जोफ्रा आर्चर खाता ना खोल सकलें। कन्कशन हर्षित लिविंगस्टोन, बेथेल आ ओवरटन के विकेट लेलें। ओहिजा, बिश्नोई तीन विकेट लेलें। वरुण चक्रवर्ती के दु विकेट मिलल। अर्शदीप सिंह आ अक्षर पटेल के एक-एक विकेट मिलल।

Read Also: 6 फरवरी के सारण में रोजगार मेला के आयोजन: रेल पहिया कारखाना सहित कई कंपनियन में भरती

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment