अन्याय, अत्याचार आ भ्रष्टाचार के खिलाफ आवाज उठावे के बा जरूरत: अखिलेश कुमार योगी

Anurag Ranjan
- Sponsored Ads-

सलेमपुर (देवरिया)। मानव अधिकार सहायता संघ अंतरराष्ट्रीय के ओर से बुध के सलेमपुर विधानसभा के खुधरखोर गांव में संगठन के कामन के प्रचार-प्रसार के लेके बैठक भइल। जिला संयोजिका सुनीता देवी के आवास पs भइल बैठक के संचालन महिला प्रकोष्ठ के प्रोटोकॉल जिला अध्यक्ष आ महामंत्री आरती सिंह कइली।

बैठक के संबोधित करत उत्तर प्रदेश के प्रदेश संगठन मंत्री आ देवरिया के जिला अध्यक्ष कर्मवीर योद्धा अखिलेश कुमार योगी कहलें कि आज अन्याय, अत्याचार आ भ्रष्टाचार के खिलाफ आवाज उठावे के जरूरत बा आ संघ एमे रउआ सभे के सहायक बनी। नवहन के जागरूक करेला आ नशा मुक्त समाज के स्थापना करेला। सरकार के योजनन के जन-जन तक पहुंचावे के काम करेला। एह बैठक पार्टी के पदाधिकारी लोगन के संगे बड़ संख्या में ग्रामीण मौजूद रहल लो।

- Sponsored Ads-

Read Also: 23 जनवरी के राशिफल

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment