[the_ad_group id="30365"]

19 अक्टूबर के गृह जिला गोपालगंज अइहें तेजस्वी यादव: कइयन गो योजनन के करिहें शिलान्यास; पत्नी राजश्री रहिहें साथ, पहिला बेर जइहें अपना ससुराल फुलवरिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव 19 अक्टूबर के अपना पैतृक जिला गोपालगंज अइहें। आरएह दौरान ऊ अलग-अलग योजनन के शिलान्यास करिहें। एकरा संगही ऊ एगो सभा के संबोधित करिहें। एकरा अलावे तेजस्वी यादव अपना पत्नी के संगे पैतृक गांव फुलवरिया जइहें। तेजस्वी यादव के संभावित आगमन के लेके जिला प्रशासन द्वारा तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा।

कइयन गो योजनन के करिहें शिलान्यास

दरअसल एह ममिला में बतावल जात बा कि उपमुख्यमंत्री 19 अक्टूबर के सबसे पहले जिला परिसदन में पहुंचिहें। इहां कुछ मिनट के विश्राम के बाद थावे दुर्गा मंदिर खातिर रवाना होइहें। इहां पूजा अर्चना के बाद जिला में अपना प्रस्तावित कार्यक्रम में ऐतिहासिक थावे दुर्गा मंदिर परिसर के विकास कार्य के शिलान्यास करिहें। संगही चनावे में मेडिकल कॉलेज के शिलान्यास के तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा। एकरा बाद झझवा में बनल ट्रॉमा सेंटर के उद्घाटन कs के अपना पैतृक गांव फुलवरिया खातिर रवाना होइहें।

फुलवरिया के पंच मंदिर में पूजा-अर्चना सहित कइयन गो कार्यक्रम में शिरकत करिहें। बतावल जात बा कि उनका संगे उनकर पत्नी राजश्री यादव पहिला बेर अपना ससुराल फुलवरिया अइहें। उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के अपना पैतृक गांव फुलवरिया में संभावित आगमन के लेके थावे के अलावा फुलवरिया में सुरक्षा प्रबंध सहित अलग-अलग बिंदुअन पs अधिकारी मंथन में जुट गइल बा लो।

आला अधिकारी कइयन बेर थावे आ फुलवरिया के दौरा कs चुकल बा लो। डीएम डॉ. नवल किशोर चौधरी आ पुलिस अधीक्षक स्वर्ण प्रभात सुक के थावे इस्थित कार्यक्रम स्थल पs पहुंचके निरीक्षण कs  के तइयारियन के जायजा लिहल लो।

बता दीं कि बिहार सरकार के पर्यटन विभाग के तरफ से गोपालगंज इस्थित थावे मंदिर के जीर्णोद्धार खातिर करीब 75 करोड़ रुपिया के स्वीकृति प्रदान कइल गइल बा। जवना मंदिर के बहुत सुंदर आ भव्य रूप दिहल जा सके। एह ममिला में डीएम डॉ. नवल किशोर चौधरी बतवलें कि थावे मंदिर के जीर्णोद्धार कार्य होखे के बा। एकरा के लेके उपमुख्यमंत्री द्वारा शिलान्यास कइल जाई। संगही झझवा में जवन ट्रामा सेंटर बनल बा ओकर उद्घाटन करिहें। ओकरा बाद एगो जनसभा के संबोधित करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]