[the_ad_group id="30365"]

LA Olympics: ओलंपिक में 128 साल बाद क्रिकेट के वापसी; छव टीम लिहें सs हिस्सा, एक स्क्वॉड में रहिहें 15 खिलाड़ी

LA Olympics: ओलंपिक में 128 साल बाद क्रिकेट के वापसी; छव टीम लिहें सs हिस्सा, एक स्क्वॉड में रहिहें 15 खिलाड़ी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: क्रिकेट 128 साल के अंतराल के बाद 2028 लॉस एंजिलिस ओलंपिक में वापसी करी। एकरा के लेके आयोजक बुध के बड़ एलान कइल लो। लॉस एंजिलिस ओलंपिक के आयोजक एह बहुराष्ट्रीय आयोजन में क्रिकेट खातिर टीम तय कs देले बा लो। महिला आ पुरुष दुनो श्रेणी में छव-छव टीम हिस्सा लिहें सs। मैच टी20 प्रारूप में खेलल जइहें सs। छo टीम स्वर्ण, रजत आ कांस्य पदक खातिर टक्कर लेत दिखी लो।

साल 1900 में क्रिकेट ओलंपिक के हिस्सा रहे

पिछलका बेर क्रिकेट साल 1900 में पेरिस ओलंपिक के हिस्सा रहल रहे। तब ग्रेट ब्रिटेन आ फ्रांस के बीच दु दिन के मुकाबला खेलल गइल रहे। अब एकरा के अनाधिकारिक टेस्ट के रूप में गिनल जात बा। हालांकि, लॉस एंजिलिस ओलंपिक में छव टीम टी20 प्रारूप में खेलत दिखिहें सs। एतने ना आयोजक एगो टीम में अधिकतम खिलाड़ियन के संख्या तय कइले बा लो। आयोजक लोग कहल कि एगो टीम में 15 खिलाड़ी होई लो। पुरुष आ महिला दुनो श्रेणियन में अधिकतम 90 खिलाड़ियन के कोटा तय कइल गइल बा। अइसे में छव टीमन के मिलाके अधिकतम 90 खिलाड़ी होई लो।

आईसीसी के 12 नियमित सदस्य

अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट काउंसिल के फिलहाल 12 नियमित आ 94 सहयोगी सदस्य बा। नियमित सदस्यन में अफगानिस्तान, ऑस्ट्रेलिया, बांग्लादेश, इंग्लैंड, भारत, आयरलैंड, न्यूजीलैंड, पाकिस्तान, दक्षिण अफ्रीका, श्रीलंका, वेस्टइंडीज आ जिम्बाब्वे के टीम नइखे। हालांकि, 2028 ओलंपिक खातिर क्वालिफिकेशन प्रक्रिया के बारे में अब तक नइखे बतावल गइल। एमे अमेरिका के खेलल तय मानल जा रहल बा, काहेकि ओकरा मेजबान कोटा के फायदा मिली। एकर मतलब होई कि अमेरिका के अलावा पांच आउर टीम हिस्सा ले सकिहें सs आ ओह लोगल के क्वालिफिकेशन प्रक्रिया से गुजरे के होई।

पांच नया खेलन के सामिल कइल गइल

क्रिकेट ओह पांच नया खेलन में सामिल बा, जवना के लॉस एंजिलिस ओलंपिक में जगह दिहल गइल बा। अंतरराष्ट्रीय ओलंपिक संघ एह पांच खेलन के लॉस एंजिलिस ओलंपिक में सामिल कइल गइला के पुष्टि साल 2023 में कइले रहे। क्रिकेट के अलावा एमे बेसबॉल/सॉफ्टबॉल, फ्लैग फुटबॉल, लैक्रॉस आ स्क्वॉश सामिल बा।

Read Also: GT vs RR: पहिले रियान पराग आ अब संजू सैमसन, राजस्थान रॉयल्स दोहरवलस उहे गलती; बीसीसीआई पूरी टीम के देलस सजा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]