[the_ad_group id="30365"]

सीवान: पूर्व मुखिया प अंधाधुंध फायरिंग,विधानसभा अध्यक्ष के कार्यक्रम के करत रहलें तइयारी, हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Crime News: सीवान में अपराधियन द्वारा बेखौफ होके पूर्व मुखिया प अंधाधुध फायरिंग कइल गइल। ओहिजा घटना के अंजाम देके दु बाइक प सवार होके आइल छव अपराधी फरार हो गइले। पूर्व मुखिया के अपराधी ओह बेरा निशाना बनावल जब ऊ बिहार विधानसभा अध्यक्ष के एगो कार्यक्रम के तइयारी करत रहलें। पूर्व मुखिया के हालत गंभीर बनल बा।

अपराधी उत्तर प्रदेश के तरफ फरार

जिला के गुठनी प्रखंड के सोहगरा प्राचीन शिव मंदिर के मुख्य गेट के लगे सोमार के सबेरे करीब 8:00 बजे बाइक प अपराधी सोहगरा पंचायत के पूर्व मुखिया बैद्यनाथ चौधरी प अंधाधुंध फायरिंग क के गंभीर रूप से जख्मी क देले। घटना के अंजाम देला के बाद दु गो बाइक प सवार लगभग आधा दर्जन अपराधी उत्तर प्रदेश के तरफ फरार हो गइले स।

बिहार विधानसभा अध्यक्ष के कार्यक्रम के चलत रहे तइयारी

गंभीर रूप से जख्मी पूर्व मुखिया के गुठनी पीएचसी में प्राथमिक उपचार के बाद सदर अस्पताल रेफर क दिहल गइल। घटना के संबंध में बतावल जाला कि सोमार के मंदिर के लगे बिहार विधानसभा अध्यक्ष अवध बिहारी चौधरी के कार्यक्रम होखे के रहे। पूर्व मुखिया वैद्यनाथ चौधरी एही कार्यक्रम के तइयारी में जुटल रहस। एही इसी क्रम में दु गो बाइक प सवार लगभग आधा दर्जन अपराधी मंदिर के लगे पहुंचले आ पूर्व मुखिया प अंधाधुंध फायरिंग कइल शुरू क देले स। गोली के  आवाज सुनके मंदिर आ आसपास के क्षेत्रन के लोग दहशत में आ गइल।

आधा दर्जन खोखा बरामद

घटना के अंजाम देला के बाद सब अपराधी यूपी के तरफ निकल गइले। स्थानीय लोग पूर्व मुखिया बैद्यनाथ चौधरी के उपचार खातिर गुठनी प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र में भर्ती करावल लो। हालत चिंताजनक होखला के कारण डॉक्टर लोग सदर अस्पताल रेफर क दिहल। घटना के सूचना मिलतही पुलिस मौका प पहुंचल आ घटनास्थल से लगे आधा दर्जन खोखा बरामद कइलस।

हमला के कारण स्पष्ट नइखे

पूर्व मुखिया प हमला के कारण स्पष्ट नइखें हो सकल। बतावल जाला कि एकरा पहिलहु पूर्व मुखिया बैद्यनाथ चौधरी प जानलेवा हमला हो चुकल बा। पुलिस अपराधियन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी क रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]