रिजर्व बैंक के डिप्टी गवर्नरन के विभागन में फेरबदल, देवव्रत पात्रा के कार्यकाल खत्म

Anurag Ranjan

सेंट्रल डेस्क : रिजर्व बैंक के डिप्टी गवर्नर माइकल देवव्रत पात्रा के विस्तारित कार्यकाल मंगर के समाप्त हो गइल। अइसन परिस्थिति में आरबीआई ने डिप्टी गवर्नरन के विभागन में फेरबदल कs देले बा। आरबीआई एगो बयान जारी कs के कहलस कि माइकल देवव्रत पात्रा के अधीन रहल प्रमुख मौद्रिक नीति विभाग वरिष्ठतम डिप्टी गवर्नर एम राजेश्वर राव के दिहल गइल बा।

एम राजेश्वर राव एकरा अलावे आर्थिक आ नीति अनुसंधान विभाग, सांख्यिकी आउर सूचना प्रबंधन विभाग आ अंतरराष्ट्रीय विभाग के जिम्मेदारी संभररिहे। गौर करे वाला बात बा कि सरकार पिछला साल माइकल देवव्रत पात्रा के कार्यकाल एक साल बढ़ाके 14 जनवरी, 2025 तक कs दिहल गइल रहे, जवन आज समाप्त हो गइल ।

33 विभागन में फेरबदल

केंद्रीय बैंक के ओर से 33 विभागन में फेरबदल कइल गइल बा। एमे तीन डिप्टी गवर्नर- एम. राजेश्वर राव, टी रबी शंकर आ स्वामीनाथन जानकीरमन सामिल बा लो। एह फेरबदल के बाद, रबी शंकर मुद्रा प्रबंधन, सूचना प्रौद्योगिकी, वित्तीय बाजार संचालन आ वित्तीय बाजार विनियमन सहित 13 विभागन के जिम्मेदारी संभरिहें। ओहिजा, स्वामीनाथन जानकीरमन पर्यवेक्षण आ जमा बीमा आउर ऋण गारंटी निगम सहित नव विभागन के जिम्मेदारी संभरिहें।

नया डिप्टी गवर्नर के चयन के प्रक्रिया सुरू

एने सरकार नया डिप्टी गवर्नर के चयन के प्रक्रिया सुरू कs देले बिया। ई चयन कैबिनेट सचिव के अध्यक्षता वाली वित्तीय क्षेत्र विनियामक नियुक्ति खोज समिति (FSRASC) करी। समिति के आउर- सदस्यन में वित्तीय सेवा विभाग के सचिव, आरबीआई गवर्नर आ तीन बाहरी विशेषज्ञ सामिल बा लो।

जानकारी खातिर बता दीं कि केंद्रीय बैंक में चार डिप्टी गवर्नर, मौद्रिक नीति विभाग के देखरेख करे वाला एगो अर्थशास्त्री, एगो वाणिज्यिक बैंकर आ दुगो बैंक के भीतर से होत बा।

Read Also: Share Market: घरेलू शेयर बाजार में लगातार दूसरे दिन तेजी; सेंसेक्स 401 अंक चढ़ा, निफ्टी भी उछला

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।