[the_ad_group id="30365"]

छठ में नई दिल्ली से एह दु शहरन खातीर आज से चली दु गो स्पेशल ट्रेन, जानी स्टॉपेज आ टाइम टेबल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छठ महापरब में बिहार जाए वाला लोग के भारी संख्या के देखत भारतीय रेलवे 16 नवंबर से दुगो विशेष ट्रेन चलावेला। रेलवे एह ट्रेन के नई दिल्ली से दरभंगा आ नई दिल्ली से पूर्णिया के रूट चलावे जा रहल बा। एहमें से एगो ट्रेन पूरा तरह से आरक्षित श्रेणी के बा जबकि दोसरका रिजर्व आ इकोनॉमी क्लास खातिर बा। एह ट्रेनन से भारी संख्या में लोग अपना घरे जा सकेलें।रेलवे यात्रियन के भारी भीड़ के ट्रेन के सुविधा देवे के लगातार प्रयास कर रहल बा, ताकि लोग छठ के दौरान अपना गंतव्य स्टेशन ले पहुंच सके।

02254/02253 नई दिल्ली-दरभंगा-नई दिल्ली सुपरफास्ट स्पेशल

रेलवे 16 नवंबर से नई दिल्ली से दरभंगा के बीच एगो नाया स्पेशल ट्रेन चलावे जा रहल बा। ट्रेन नंबर 02254 नई दिल्ली-दरभंगा स्पेशल ट्रेन 16 नवंबर के 19:00 बजे नई दिल्ली जंक्शन से निकली अवुरी अगिला दिने 14:45 बजे दरभंगा पहुंची। एही तरे 17 नवंबर से दरभंगा-नई दिल्ली सुपरफास्ट स्पेशल नंबर 02253 ट्रेन दरभंगा जंक्शन से 18:00 बजे निकली अवुरी अगिला दिने 14:15 बजे नई दिल्ली पहुंची। इs ट्रेन पूरा तरीका से एसी ट्रेन हs। एकरा में फर्स्ट क्लास, एसी2 अवुरी एसी3 कोच होई।

एह स्टेशनन पs स्टॉप होखी

02254/02253 नई दिल्ली-दरभंगा-नई दिल्ली सुपरफास्ट स्पेशल ट्रेन नई दिल्ली से दरभंगा के बीच गोविन्दपुरी, प्रयागराज जंक्शन,पं. दीन दयाल उपाध्याय जंक्शन,बक्सर, आरा, पटना, मोकामा, बरौनी और समस्तीपुर स्टेशन पs रुकी।

04070/04069 नई दिल्ली-पूर्णिया-नई दिल्ली एक्सप्रेस स्पेशल ट्रेन

ई स्पेशल ट्रेन 17 नवंबर से नई दिल्ली-पूर्णिया के बीच चले लागी। ट्रेन नंबर 04070 नई दिल्ली-पूर्णिया एक्सप्रेस स्पेशल ट्रेन शुक से 00:20 बजे नई दिल्ली से रवाना होई अवुरी 02:40 बजे पूर्णिया पहुंची। एही तरे ट्रेन नंबर 04069 पूर्णिया-नई दिल्ली एक्सप्रेस स्पेशल ट्रेन 18 नवंबर के सांझी 6:00 बजे पूर्णिया से रवाना होई अवुरी रात 8:20 बजे नई दिल्ली पहुंची। एह ट्रेन में एसी 3 आ इकोनॉमी क्लास के कोच होखी।

एह स्टेशनन पs रुकत जाई ट्रेन

04070/04069 नई दिल्ली-पूर्णिया-नई दिल्ली एक्सप्रेस स्पेशल ट्रेन नई दिल्ली आ पूर्णिया के बीच गोविन्दपुरी, प्रयागराज जंक्शन,पं. दीन दयाल उपाध्याय जंक्शन,बक्सर, आरा, पटना, मोकामा, न्यू बरौनी जंक्शन, बेगुसराय, खगड़िया, सहरसा, दौरम मधेपुरा, बनमनखी आ पूर्णिया कोर्ट सस्टेशन पs रुकत चली।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]