[the_ad_group id="30365"]

Safdarjung Hospital: साड़ी के घेरा में महिला के डिलेवरी के ममिला में एक्शन, पांच डॉक्टरन के ड्यूटी से हटावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सफदरजंग अस्पताल दिल्ली: दिल्ली के सफदरजंग अस्पताल परिसर में एगो गर्भवती महिला के लईका के जनम देवे वाला वीडियो के वायरल हो गइला के बाद एह ममिला में भारत सरकार के स्वास्थ मंत्रालय कावर से एगो टीम के जांच खातिर भेजल गइल।

टीम गर्भवती महिला द्वारा अस्पताल परिसर में लईका के जनम देला के लेके जांच पड़ताल कइल। मंत्रालय एह ममिला में उच्चस्तरीय जांच के आदेश देले बा। ओहिजा 5 डॉक्टरन के ड्यूटी से हटा दिहल गइल बा। फिलहाल नवजात लईकी आ महिला के सफदरजंग अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

गौर करे आला बात बा कि दिल्ली के सफदरजंग अस्पताल परिसर में एगो महिला के डिलवरी साड़ी के घेरा में करावल गइल। एकर वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो गइल रहे, उ वीडियो सोमार के ढेर साँझ के हs। महिला के परिजन लोग आरोप लगावल कि अस्पताल में भर्ती ना कइल गइल, जवना के चलते मजबूरी में साड़ी के घेरा बनाके महिला के डिलवरी करावल गइल। ममिला पुलिस तक पहुंच गइल। दिल्ली पुलिसो के संज्ञान में वायरल वीडियो आइल बा। दक्षिण पश्चिम जिला के पुलिस बतावल कि गाजियाबाद के 30 साल के महिला शिकायत दर्ज करवली कि सफदरजंग अस्पताल में डिलवरी खातिर गइल रहली, बाकिर अस्पताल भर्ती ना कइलस। एहिसे अस्पताल के परिसर में बच्चा के जनम देवे पs मजबुर होखे के पड़ल।


ओइसे बाद में अस्पताल प्रशासन के तरफ से सफाई देहल गइल। सफदरजंग अस्पताल महिला के जांच करे से इनकार ना कइल, जब महिला अस्पताल में पहुंचली तs उहां मवजूद डॉक्टर लोग उनकर जांच कइल। डॉक्टर लोग उनका के अस्पताल में भर्ती होखे के कहसलस बाकिर महिला एडमिशन पेपर के साथे फेर ओह लोग के लगे ना अइली।

साभार: एबीपी न्यूज

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]