Share Market: घरेलू शेयर बाजार में लगातार दूसरका दिन तेजी; सेंसेक्स 401 अंक चढ़ल, निफ्टियो उछलल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 15, 2025

बिजनेस डेस्क : घरेलू शेयर बाजार में लगातार दूसरका दिन तेजी जारी रहल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 401.53 अंक चढ़के 76,901.16 अंक पs पहुंचल। अइसही निफ्टी 97.5 अंक बढ़के 23,273.55 पs आ गइल। एकरा अलावे

Share

share market


बिजनेस डेस्क : घरेलू शेयर बाजार में लगातार दूसरका दिन तेजी जारी रहल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 401.53 अंक चढ़के 76,901.16 अंक पs पहुंचल। अइसही निफ्टी 97.5 अंक बढ़के 23,273.55 पs आ गइल। एकरा अलावे सुरुआती कारोबार में अमेरिकी डॉलर के मुकाबले रुपिया दु पईसा से बढ़के 86.51 पs पहुंच गइल। शेयर बाजार के आंकड़न के मोताबिक बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) मंगर के बिकवाल रहल रहे आ ऊ शुद्ध रूप से 8,132.26 करोड़ रुपिया के शेयर बेचल लो।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

निफ्टी के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

रुपिया सुरुआती कारोबार में 86.55 प्रति डॉलर पs

रुपिया बुध के सुरुआती कारोबार में दु पईसा के गिरावट के संगे 86.55 प्रति डॉलर पs आ गइल। कच्चा तेल के ऊंच कीमतन आ बिदेसी पूंजी के भारी निकासी से घरेलू शेयर बाजारन में सकारात्मक धारणा खत्म हो गइल, जवना के असर घरेलू मुद्रा पs पड़ल। अंतरबैंक बिदेसी मुद्रा विनिमय बाजार में रुपिया 86.50 प्रति डॉलर पs खुलल आ सुरुआती सौदन के बाद डॉलर के मुकाबले 86.45 पs पहुंच गइल। हालांकि, स्थानीय मुद्रा जल्दिये बढ़त खो देलस आ डॉलर के मुकाबला 86.55 पs कारोबार करे लागल जवन पिछला बंद भाव से दु पईसा के गिरावट दर्शावत बा। रुपिया मंगर के अमेरिकी डॉलर के मुकाबला 86.53 पs बंद भइल रहे।

Read Also: UP Weather: पश्चिमी विझोभ के प्रभाव से अगिला दु दिन बरखा के संभावना, 25 जनवरी तक बनल रही सर्दी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.