Bijli Cut: गोरखपुर में आजु से तीन दिन ले एह इलाकन में बाधित रही बिजली आपूर्ति

Minee Upadhyay
विद्युत आपूर्ति में कटौती

गोरखपुर: मोहद्दीपुर क्षेत्र के लोगन के तीन दिन ले विद्युत आपूर्ति में कटौती के सामना करे के पड़ी.बिजली विभाग के ओर से दिहल गइल जानकारी के अनुसार 132 के०वी० मोतीराम अड्डा-मोहद्दीपुर ग्रिड लाइन के कण्डक्टर (तार) के क्षमतावृद्धि के कार्य कइला के कारन इs कटौती होई.

उक्त लाइन के सहारा लीलो प्वाइंट पs कण्डक्टरिंग कार्य के दौरान 132 के०वी० मोहद्दीपुर-बरहुआ लाइन सुरक्षा के दृष्टिकोण से दिनांक 23.12.2024, 24.12.2024 आ 26.12.2024 के सांझ के 11:00 से 15:00 बजे ले विद्युत आपूर्ति के कटौती होई.

मोहद्दीपुर ओल्ड -33 के0वी0 एयरफोर्स, 33 के०वी० जी०आर०डी०, 33 के0वी0 सहारा, 33 के०वी० तारामण्डल, 33 के०वी० यूनिवर्सिटी, 33 के०वी० एम्स, 33 के०वी० रेलवे आ 33 के०वी० कोर्ट डी०एच० लाइन ना रही.

मोहद्दीपुर-न्यू -33 के०वी० खोराबार, 33 के०वी० बिग बाजार, 33 के०वी० मोहद्दीपुर, 33 के०वी० बक्शीपुर, 33 के०वी० जी०डी०ए०, 33 के०वी० धर्मशाला, 33 के0वी0 टाउनहाल, 33 के०वी० शाहपुर, 33 के०वी० लोकोशेड आ 33 के०वी० ऐश्प्रा से निर्गत समस्त फीडर के लाइन के आपूर्ति ना होई.

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।