[the_ad_group id="30365"]

शांति आ सद्भावना के उद्देश्य लेले बुद्ध से कबीर यात्रा सलेमपुर आ देवरिया पहुंचल, भारी संख्या में लोग लिहल यात्रा में भाग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया: समाज में शान्ति आ सद्भावना के उद्देश्य लेके पिछला पांच बरिसन से आयोजित होखे वाला बुद्ध से कबीर तक यात्रा के पांच दिन के कार्यक्रम के चौथा दिन, सलेमपुर आ देवरिया में संपन्न भइल। सुक के सबेरे सलेमपुर में जमुआ से बाजार होखत भरौली में एगो विशाल पदयात्रा निकालल गइल, तिरंगा के संगे-संगे बहुसंस्कृति के प्रतीकन के रूप में अलग-अलग रंगन खातिर लोग यात्रा में भाग लिहल।

जमुआ हाइडिल के सामने आयोजित कार्यक्रम में बुद्ध से कबीर तक संस्था आ एह यात्रा के बारे में बतावत संस्था के संरक्षक डॉ विनोद मल्ल, पूर्व डीजीपी गुजरात  सभे आम आ खास के सर्व धर्म समभाव, आपसी भाईचारा बनवले राखे आउर बुद्ध, कबीर आ गांधी के राह पs चले के बात कहलें।

इहां से यात्रा खुखुन्दू कस्बा से होखत देवरिया के राजकीय इंटर कॉलेज में पहुचल। जहाँ विद्यार्थियन के देस के युवा पीढ़ी के उत्तरदायित्व के तौर पs आपन साझी विरासत के समझे आ नफरती माहौल के नकारे आ आपसी प्रेम आ समानता के विचारधारा के बारे में नुक्कड़ नाटक के माध्यम से सन्देश दिहल गइल, डॉ मल्ल भारत के संवैधानिक राष्ट्रवाद के विचारधारा आ संविधान के मूल कर्तव्यन आ अधिकारन के बारे में विस्तृत रूप से लईकन के अवगत करवलें।

बुद्ध से कबीर तक बैंड के द्वारा कबीर के पदन आ कौमी एकता के तरानन के माध्यम से संस्था के उद्देश्यन के संगीतमय प्रस्तुति दिहल गइल, जवना के उपस्थित दर्शक लोग खूब सराहल। एकरा संगही सांझ के समय में देवरिया नगर में पदयात्रा निकालल गइल आ एकरा माध्यम से आम जनता से एह मुहीम में जुड़े के अपील कइल गइल।

यात्रा प्रभारी एस ए रहमान बतवलें कि शान्ति, सद्भावना के प्रसार खातिर पांच दिन के ई यात्रा एह साल गोरखपुर आ निकटवर्ती जनपदन में निकालल जाई, जवना के तहत अलग-अलग स्थानन पs पदयात्रा, सांस्कृतिक कार्यक्रमन आ उद्बोधनन के माध्यम से लोगनके बीचे देस के एकता आ संवैधानिक राष्ट्रवाद के प्रति जागरूकता के बात कइल जाई।

एह मवका पs बुद्ध से कबीर तक संस्था के श्रीमती अनुराधा मल्ल, पूर्व आइएएस गुजरात, सत्येन्द्र निगम, प्रदीप कुमार शर्मा, फादर आनंद, जगदम्बा राज, शैलेन्द्र कबीर, ऋषभ मल्ल, क्षितिज, दीपक, राजमन, गोविन्द, अजीत सिंह आदि मवजूद रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]