Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP के एह स्कूल में तिलक लगावल आ भारत माता के जय बोलल अपराध, 8 टीचरन के बाहर कइलस, पीस पार्टी से बा कनेक्शन

गोरखपुर के एगो स्कूल में भारत माता के जय बोले पs 8 टीचरन के नौकरी से हटा दिहल गइल बा। ओहिजा, बीएसए जांच के बात कहले बाड़ें।

284

यूपी के गोरखपुर के एगो स्कूल में हैरान कs देवे वाला ममिला सामने आइल बा। स्कूल के कुछ टीचरन के खाली एह कारण स्कूल से निकाल दिहल गइल, काहेकि ऊ लोग तिलक लगाके आ कलावा बान्ह के स्कूल आवत रहे लो आ ऊ लोग राष्ट्रगान आउर भारत माता के जय के समर्थन कइले रहे लो। ओहिजा, स्कूल प्रबंधन एह बारे में कुछुओ कहे से बच रहल बा।

तिलक लगावल आ कलावा बान्हल 8 टीचरन पs पड़ल भारी

गोरखपुर के बड़हलगंज स्थित एगो पब्लिक स्कूल में हैरान कs देवे वाला ममिला सामने आइल बा। शिक्षा के मंदिर में टीचरन आ छात्रन के तिलक लगावल, कलावा बान्हल आ भारत माता के जय बोलल मना बा। जी हs, चउकी मत अइसन आरोप स्कूल के ओह 8 टीचरन के बा, जवना लोग के बिना कवनो नोटिस के स्कूल से निकाल दिहल गइल बा। स्कूल से निकालल गइल 8 टीचरन के आरोप बा कि हमनी लोग हिंदू बानी सs आ हमनी के खाली एही बात के सजा मिलल बा, काहेकि स्कूल में राष्ट्रगान, भारत माता के जय, तिलक लगावल आ कलावा बान्हल प्रतिबंधित बा। हमनी के प्रबंधन से एकर लगातार विरोध चलत रहे कि स्कूल में प्रार्थना आ राष्ट्रगान होखे चाहीं। बावजूद एकरा स्कूल प्रबंधन तइयार ना रहे। हमनी के अपना धरम से जुड़ल क्रियाकलापन के लेके हेय दृष्टि से देखल जात रहे आ हमेशा टीका टिप्पणी कइल जात रहे। अंत में एकर सजा हमनी के स्कूल से निकाल कs दिहल गइल बा। जवना के ना तs हमनी के कवनो सूचना आ ना हमनी के कवनो पहिले से नोटिस भेजल गइल रहे।

का कहनाम बा वरिष्ठ टीचर अभिमन्यु यादव के

स्कूल के वरिष्ठ आ अंग्रेजी के टीचर अभिमन्यु यादव के कहनाम बा कि हम पिछला 8 बरिसन से स्कूल में अध्यापन कर रहल बानी। कइयन बेर हमनी के तिलक लगावे आ कलावा बान्हे के लेके टिप्पणी कइल गइल। हमनी के ओह बातन के नजरअंदाजो  कइनी सs, काहेकि हमनी के रोटी रोजी के सवाल रहे, बाकिर जब राष्ट्रगान के बाद भारत माता के जय के लेके प्रतिबंध लगावल जाये लागल तs हमनी के एह बात के विरोध कइनी सs। ममिला अइसही चलत रहल, बाकिर धीरे-धीरे जब एहसास होखे लागल कि इहां शिक्षा से जादे धरम आ खास कs के हिंदू धर्म के लेके विचारधारा कुछ अलग बा तs हमरा जइसन कइयन टीचर एह बात के लेके स्कूल प्रबंधन से बात कइल, बाकिर ओकरा तरफ से कवनो प्रतिक्रिया ना मिलल। हमनी के एही विरोध के सजा आज हमनी के एह रूप में मिलल बा। टीचर अभिमन्यु यादव के कहनाम बा कि कुल 11 टीचरन के निकालल गइल बा, जेमे से 8 हिंदू समुदाय से बा लो 3 शिक्षक मुस्लिम बा लो। स्कूल प्रबंधन हमनी के अनुशासन आ आउर बातन के लेके निष्कासन के बात कर रहल बा, बाकिर एकरा खातिर ना तs कवनो नोटिस दिहल गइल आ ना कवनो सूचना।

का कहत बा लो स्कूल के छात्र

ओहिजा, छात्र अभिषेक त्रिपाठी के कहनाम बा हमरो के तिलक लगावे आ कलावा बान्हे के लेके कइयन बेर स्कूल प्रबंधन मना कइलस। ई बात हम अपना घर के लोगन से बतवले रहनी। परिजन लोग एह बारे में स्कूल प्रबंधन से बातचीतो कइले रहे लो, बाकिर स्कूल वालन के कहनाम रहे कि एह तरे के गतिविधियन से आउर छात्रन पs प्रतिकूल असर पड़त बा। एक तरे के बात स्कूल के अउरियो छात्र कहले बा लो। छात्रन के कहनाम बा कि सारा अध्यापक ठीक बा लो। हमनी के अच्छा शिक्षा देले बा लो, बाकिर अध्यापकन द्वारा जवन बात कहल जा रहल बा, उहो कहीं न कहीं सही आ जायज बा। टीचरन के निकालल गइल उचित नइखे, जहां तक स्कूल प्रबंधन के द्वारा अनुशासन आ काम के लेके लापरवाही बतावल जा रहल बा तs ई पूरा तरे गलत बा।

स्कूल प्रबंधन एह ममिला में कुछुओ कहे से बाचत रहल

एह बारे में जब शबनम मेमोरियल स्कूल के प्रबंधक फैयाज से बात करे के कोसिस कइल गइल तs ऊ एह बारे में कुछुओ कहे से इनकार कइलें। स्कूल प्रबंधन के जुड़ाव एगो पार्टी से बतावल जा रहल बा। प्रबंधक के बड़ भाई पीस पार्टी के बड़ नेता बाड़ें।

का कहत बाड़ें बीएसए

बीएसए रामेंद्र सिंह से जब एह बारे में बात कइल गइल तs उनकर कहनाम रहे कि ममिला रउआ लोगन द्वारा संज्ञान में आइल बा। एकर जांच करावल जाई। अध्यापकन, छात्रन आ मैनेजमेंट से बातचीत के बाद अंतिम निर्णय लिहल जाई।

साभार: नवभारत टाइम्स

494960cookie-checkUP के एह स्कूल में तिलक लगावल आ भारत माता के जय बोलल अपराध, 8 टीचरन के बाहर कइलस, पीस पार्टी से बा कनेक्शन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.