राज्यसभा में भारी हंगामा, कार्यवाही काल्ह ले खातीर स्थगित

Minee Upadhyay
लोकसभा

संसद के दुनो सदन में आज भी हंगामा मच गईल। राज्यसभा में विपक्ष के ओर से अध्यक्ष जगदीप धनखड़ के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव के नोटिस दिहल गईल बा।  लोकसभा में कांग्रेस ओम बिरला के चिट्ठी लिख के सदन के कार्यवाही सुचारू रूप से चलावे के मांग कईले बिया। एही बीच कांग्रेस के सदस्य तिरंगा अवुरी फूल लेके संसद भवन परिसर में विरोध प्रदर्शन कईले। विरोध प्रदर्शन में लोकसभा में विपक्ष के नेता राहुल गांधी भी मौजूद बाड़े।

भारी हंगामा के चलते लोकसभा के कार्यवाही दुपहरिया 2 बजे ले स्थगित कs दिहल गईल बा। कांग्रेस सांसद प्रमोद तिवारी कहले कि,”…हमरा लागता कि वर्तमान सरकार संविधान पs चर्चा के अनुमति नईखे दिहल चाहत जवन कि दु दिन के बा। एकरा खातीर माहौल बनावल जाता।”

हंगामा के चलते राज्यसभा के कार्यवाही फेर से स्थगित कs दिहल गईल। एकरा से पहिले जेपी नड्डा कहले रहले कि सोनिया गांधी के सोरेस से का संबंध बा? कांग्रेस आंतरिक सुरक्षा से ध्यान हटावल चाहत बिया.

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।