IND vs AUS: ऑस्ट्रेलिया दौरा पs अंतिम दु टेस्ट मैच खेलिहें शमी, सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी के बाद होइहें रवाना

Anurag Ranjan
भारतीय टीम के तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी के आस्ट्रेलिया के खिलाफ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के अंतिम दु मैच में खेलल तय बा

भारतीय टीम के तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी के आस्ट्रेलिया के खिलाफ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के अंतिम दु मैच में खेलल तय बा। मानल जा रहल बा कि राष्ट्रीय क्रिकेट अकादमी (एनसीए) के मेडिकल टीम से फिटनेस मंजूरी मिलल महज एगो औपचारिकता बा। भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच ब्रिसबेन में होखे वाला बा। तीसरा टेस्ट 14 दिसंबर से होखे जवना खातिर अब जादे समय बाकी नइखे, एहिसे शमी मेलबर्न में 26 दिसंबर से होखे वाला चौथा टेस्ट से उपलब्ध हो सकत बाड़ें।

एह इंटरव्यू के जरूर देखीं: प्रख्यात गायिका शालिनी दुबे से अनुराग रंजन के विशेष बतकही

शमी विराट कोहली के नेतृत्व में 2018-19 में भारत के बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी में मिलल जीत में बड़ भूमिका निभवले रहस। शमी ऑस्ट्रेलिया में आठ मैचन में 31 विकेट लेले रहस, बाकिर आवे वाला सीरीज खातिर भारत के ओर से घोषित टीम के हिस्सा ना रहस, बाकिर घरेलू क्रिकेट में उनकर सानदार वापसी के बाद शमी के ऑस्ट्रेलिया गइल तय मानल जा रहल बा।

शमी के किट ऑस्ट्रेलिया पहुंचल?

शमी से जुड़ल एगो करीबी सूत्र बतवलें कि एनसीए से फिटनेस सर्टिफिकेट जल्दिये मिल जाई। न्यूज एजेंसी पीटीआई से सूत्र कहलें, ‘शमी के किट पहिलही ऑस्ट्रेलिया भेजल जा चुकल बा। ऊ सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी टी20 टूर्नामेंट के अभियान पूरा कइला के बाद ऑस्ट्रेलिया खातिर रवाना होइहें।’ मालूम होखे कि 34 साल के शमी पिछला साल वनडे विश्व कप के फाइनल के बाद से भारत खातिर कवनो मैच नइखन खेलले। उनका टखना के सर्जरी भइल रहे, जवना कारण शमी लमहर ब्रेक पs रहस।

भारतीय टीम में वापसी के बेताब शमी

मानल जात रहे कि शमी न्यूजीलैंड के खिलाफ भइल घरेलू टेस्ट सीरीज से वापसी करिहें, बाकिर एकरा पहिलही उनका घुटना में सूजन आ गइल रहे जासे शमी की वापसी में देरी हुई थी। सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी का नॉकआउट चरण बंगलुरू में होगा और माना जा रहा है कि एनसीए की मेडिकल टीम के प्रमुख डॉ. नितिन पटेल और स्ट्रेंग्थ तथा कंडीशनिंग ट्रेनर निशांत बोरडोलोई बंगाल का इस टूर्नामेंट जवना से अभियान समाप्त होखे से पहिले शमी के देखिहें।

बंगाल के मुख्य कोच लक्ष्मी रत्न शुक्ला कहलें, शमी हमनी खातिर चंडीगढ़ के खिलाफ प्री क्वार्टर फाइनल मुकाबला में खेलिहें आ कल बंगलुरू में टीम से जुड़िहें। हालांकि, हमरा पूरा तरे यकीन नइखे कि जदि हमनी के क्वार्टर फाइनल भा नॉकआउट चरण के आगे तक पहुंचे में सफल रहल तs हमनी के शमी के सेवा मिल सकी। उम्मीद बा कि ऊ फिट होइहें आ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ अंतिम दु टेस्ट खातिर उपलब्ध हो सकी।

इहो पढ़ीं: आयुष्मान वय वंदन कार्ड : 9 दिसंबर को लाभार्थियों को कार्ड प्रदान करेंगे सीएम योगी

शुक्ला भारतीय टीम के पूर्व मुख्य कोच रवि शास्त्री के बात के समर्थन कइलें। जेकरा लागत बा कि शमी के जेतना जल्दी हो सके ऑस्ट्रेलिया भेजे के चाहीं। शुक्ल कहलें कि शमी सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी में खेले के फैसला लेके सही कइलें। ऊ कहलें, शमी पहिलही व किलोग्राम वजन घटा लेले बाड़ें। ऊ 13 दिन के अंदर सात टी20 मुकाबला खेलिहें। जदि शमी प्री क्वार्टर फाइनल में खेलत तs ऊ 16 दिनन के अंदर आठ मैच खेल लिहें। शमी खुद जादे घरेलू क्रिकेट खेलल चाहत रहस आ ऊ एनसीए के बतवले रहस कि उनकर देह कवना तरे रिएक्ट कs रहल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।