आयुष्मान वय वंदन कार्ड : 9 दिसंबर के लाभार्थियन के कार्ड प्रदान करिहें सीएम योगी

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 7, 2024

गोरखपुर : प्रधानमंत्री मोदी के केंद्र आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के राज्य सरकार स्वास्थ्य सुविधन के सर्वसुलभ बनावे के दिशा में निरंतर कार्य कs रहल बा। एही क्रम में पीएम मोदी के घोषणा अनुसार 70

Share

सीएम योगी लाभार्थियन के आयुष्मान वय वंदन कार्ड’ कार्ड प्रदान करिहें।

गोरखपुर : प्रधानमंत्री मोदी के केंद्र आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के राज्य सरकार स्वास्थ्य सुविधन के सर्वसुलभ बनावे के दिशा में निरंतर कार्य कs रहल बा। एही क्रम में पीएम मोदी के घोषणा अनुसार 70 भा ओकरा से जादे वर्ग आयु के बुजुर्गन के निशुल्क स्वास्थ्य सुविधन के लाभ उपलब्ध करावे खातिर सरकार के ओर से मुहिम सुरू कइल जा चुकल बा। एही क्रम में गोरखपुर के चंपा देवी पार्क मैदान में 9 दिसंबर (सोमार) के सीएम योगी लाभार्थियन के आयुष्मान वय वंदन कार्ड’ कार्ड प्रदान करिहें।

पांच लाख रुपिया तक के करावल जा सकी मुफ्त इलाज

गौर करे वाला बात कि आयुष्मान वय वंदन कार्ड आयुष्मान भारत-प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा बा। एकरा तहत 70 बरिस से जादे उमिर के वरिष्ठ नागरिक अस्पतालन में पांच लाख रुपिया तक के मुफ्त इलाज करा सकत बा लो। एह योजना के लाभ लेवे खातिर आय सीमा के कवनो बंधन नइखे। पात्र बुजुर्ग अपना आधार कार्ड के माध्यम से नामांकन करवा सकत बा लो।

एह इंटरव्यू के जरूर देखीं: प्रख्यात गायिका शालिनी दुबे से अनुराग रंजन के बातचीत।

जिला में बन चुकल बा 8325 वय वंदन कार्ड

गोरखपुर के मुख्य चिकित्सा अधिकारी डॉ. आशुतोष दूबे के ओर से मिलल जानकारी के अनुसार अब तक जिला में 8325 बुजुर्ग आयुष्मान वय वंदन कार्ड बनवा चुकल बा लो। समूचा प्रदेश में एह योजना के अंतर्गत नामांकन अभियान जारी बा।

आयुष्मान पs खर्च भइल 320 करोड़

ओहिजा, भारत योजना के तहत जिला में अभी ले 1120347 लाभार्थियन के आयुष्मान कार्ड बनावल गइल बा। 209666 लाभार्थी एह योजना के तहत मुफ्त चिकित्सा सुविधा प्राप्त कs चुकल बा लो। जिला में 91 राजकीय आ 189 निजी चिकित्सालयन सहित कुल 280 अस्पतालन के योजना से जोड़ल गइल बा। एकरा खातिर सरकार के ओर से 320 करोड़ रुपिया खर्च कइल जा चुकल बा।

इहो पढ़ीं: गोरखनाथ विश्वविद्यालय में स्थापित भइल 18 बेड के डायलिसिस सेंटर, गुरदा के मरीजन के इंतजार होई खतम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.