Women’s T20 WC: न्यूजीलैंड के खिलाफ अभियान के सुरुआत करी भारतीय महिला टीम, जानीं संभावित प्लेइंग-11

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 4, 2024

महिला टी20 विश्व कप के बियफे से सुरुआत हो गइल, बाकिर हरमनप्रीत कौर के अगुआई वाली भारतीय टीम सुक से अपना अभियान के आगाज करी। भारत के सामना ग्रुप-ए के अपना पहिला मैच में न्यूजीलैंड

Share

महिला टी20 विश्व कप के बियफे से सुरुआत हो गइल, बाकिर हरमनप्रीत कौर के अगुआई वाली भारतीय टीम सुक से अपना अभियान के आगाज करी। भारत के सामना ग्रुप-ए के अपना पहिला मैच में न्यूजीलैंड से मुकाबला होई। आंकड़न में न्यूजीलैंड के टीम के रिकॉर्ड भारत के खिलाफ अच्छा रहल बा, बाकिर भारतीय टीम एह टूर्नामेंट में पूरा तइयारी के संगे आइल बिया आ अपना दिने कवनो टीम के मात देवे के दम रखत बिया।

स्पिनरन के भूमिका रही अहम

एह बात के पूरा संभावना बा कि भारत-न्यूजीलैंड के खिलाफ मुकाबला में खाली दुगो तेज गेंदबाजन आ स्पिनरन पs जादे निर्भर रहे के होई। भारत के लगे स्पिन विभाग में असाधारण विविधता बा। आक्रमण के कमान ऑफ स्पिनर दीप्ति शर्मा आ श्रेयंका पाटिल, लेग स्पिनर आशा शोभना आ बायां हाथ के स्पिनर राधा यादव के कंधन पs होई। न्यूजीलैंड के टीम में अनुभवी आ नवहा खिलाड़ियन के अच्छा मिश्रण बा, जवना से टीम के दावा मजबूत बा। करिश्माई कप्तान सोफी डिवाइन, अनुभवी ऑलराउंडर सूजी बेट्स आ अनुभवी तेज गेंदबाज ली ताहुहू आ लेघ कास्पेरेक टीम के रीढ़ बा लो। नवहा ऑलराउंडर अमेलिया केर टीम के महत्वपूर्ण हिस्सा बाड़ी आ न्यूजीलैंड के टीम टूर्नामेंट में चौंकावे वाला प्रदर्शन कs सकत बिया। हालांकि, पिच के टूटला से भारत के स्पिनरन के मदद मिल सकत बा जवन टीम के मजबूत पक्ष बा।

मंधाना लय में, हरमनप्रीत के खराब फॉर्म चिंता के विषय

भारत के अपना शीर्ष खिलाड़ियन के 35 वर्षीय हरमनप्रीत, स्मृति मंधाना, जेमिमा रोड्रिग्ज, शेफाली वर्मा आ दीप्ति शर्मा से महत्वपूर्ण जोगदान के उम्मीद होई। शेफाली आ मंधाना सानदार फॉर्म में बा। ऊ जुलाई में श्रीलंका में एशिया कप में अपना पिछला अंतरराष्ट्रीय मैच में रन बनवली बाकिर भारत फाइनल में मेजबान टीम से हार गइल रहे। मंधाना पिछला पांच टी20 पारियन में तीन अर्धशतक जड़लें बाड़ें। हालांकि, हरमनप्रीत के प्रदर्शन कुछ निराशाजनक रहल बा आ उनकर लय में होखल भारत के शीर्ष आ मध्य क्रम खातिर जरूरी बा।

खिताबी सूखा के समाप्त करे के उद्देश्य से उतरी भारत

संभवत: आपन आखिरी टी20 विश्व कप खेल रहल कप्तान हरमनप्रीत कौर कइयन बेर खिताब के करीब पहुंचके चूकला आ निराशाजनक क्षणन के गवाह रहल बाड़ी, जेमे टी20 विश्व कप 2020 में मेलबर्न में फाइनल में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ हारो सामिल बा। अतीत के तरे ई भारतीय टीम प्रतिभा से भरपूर बा आ संभवत: खाली ऑस्ट्रेलिया के लगही एतना अच्छा टीम बा, बाकिर मवजूदा चैंपियन ऑस्ट्रेलिया के लगे छव टी20 विश्व कप खिताब बा, जबकि भारत के पहिला खिताब के इंतजार बा। न्यूजीलैंड दु बेर के उपविजेता बा आ उनका खिलाफ जीत के रणनीतिक आउर मानसिक रूप से अच्छा इस्थिति में होखे के संकेत मानल जा सकत बा। भारत खातिर जीत के संगे आगाज करे महत्वपूर्ण होई, काहेकि एह ग्रुप में ऑस्ट्रेलिया, श्रीलंका आ पाकिस्तानो बा।

आईं जानल एह मुकाबला खातिर भारत आ न्यूजीलैंड के संभावित प्लेइंग-11…

भारतः स्मृति मंधाना, शेफाली वर्मा, यस्तिका भाटिया, हरमनप्रीत कौर (कप्तान), जेमिमा रॉड्रिग्ज, ऋचा घोष (कप्तान), दीप्ति शर्मा, पूजा वस्त्रकार, राधा यादव, श्रेयंका पाटिल, रेणुका सिंह ठाकुर।
न्यूजीलैंडः सूजी बेट्स, जॉर्जिया प्लिमर, अमेलिया केर, सोफी डिवाइन (कप्तान), ब्रूके हालीडे, मैडी ग्रीन, इसाबेला गैज (विकेटकीपर), हनाह रोव, जेस केर, लेघ कास्पेरेक, ली ताहुहू।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.