मौसम विभाग सोमार के कहलस कि भारत में हल्का सर्दी आ कम शीत लहर वाला दिनन के अनुभव होखे वाला बा आ एह मौसम में न्यूनतम तापमान सामान्य से जादे रहे के अनुमान बा। अपेक्षाकृत गरम सर्दियन के पूर्वानुमान तब आइल जब देस 1901 के बाद से दूसरका सबसे गरम नवंबर अनुभव कइलस, जेमे औसत अधिकतम तापमान 29.37 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल – जवन एह मौसम के सामान्य 28.75 डिग्री से 0.623 डिग्री जादे बा।
देस के अधिकांश हिस्सन में कइसन रही तापमान?
भारत मौसम विज्ञान विभाग (आईएमडी) के महानिदेशक मृत्युंजय महापात्रा संवाददाता लोगन से कहलें, ‘आवे वाला सर्दियन के मौसम (दिसंबर 2024 से फरवरी 2025) के दौरान देस के अधिकांश हिस्सन में सामान्य से जादे न्यूनतम तापमान रहे के संभावना बा।’
इहो पढ़ीं: IND vs JPN U-19: एशिया कप में भारत के पहिला जीत, जापान के 211 रन से हरवलस, कप्तान अमान जड़लें शतक
पूर्वानुमान के मोताबिक, सर्दियन के मौसम में सामान्य पांच से छह दिनन के तुलना में कम शीत लहर वाला दिन रहे के उम्मीद बा। ऊ कहलें कि एह मौसम के दौरान देस के अधिकांश भागन में सामान्य से जादे अधिकतम तापमान रहे के संभावना बा, सिवाय दक्षिण प्रायद्वीपीय भारत के अधिकांश क्षेत्रन के, जहां सामान्य से कम अधिकतम तापमान रहल के संभावना बा।
शीतलहर के लेके मौसम विभाग के अनुमान
मृत्युंजय महापात्रा कहलें ‘सामान्य रूप से, हमनी के दिसंबर से फरवरी के दौरान ठंडा कोर जोन में पांच से छव शीत लहर वाला दिन देखेनी सs, जेमे उत्तर-पश्चिम, मध्य, पूर्व आ पूर्वोत्तर भारत सामिल बा। एह साल, हमनी के औसत के तुलना में दु से चार कम शीत लहर वाला दिनन के उम्मीद कs सकत बानी सs।
कब मानल जाला शीतलहर?
आईएमडी के मोताबिक, शीत लहर तब मानल जाला जब न्यूनतम तापमान (टी-मिन) दैनिक जलवायु मूल्य के 10वां प्रतिशत से कम होखे आ जलवायु दैनिक टी-मिन 15 डिग्री सेल्सियस से कम होखे। एह इस्थितियन के लगातार तीन दिन तक देखल जाये के चाहीं ताकि इकरा के एगो शीत लहर घटना के रूप में योग्य बनावल जा सके। मृत्युंजय महापात्रा कहलें कि पश्चिमी विक्षोभ के अनुपस्थिति नवंबर के गरम होखे के कारण रहे।