रोमांस खातिर एह शहर में चल रहल बा स्पेशल कैब, तनिका महंगा बा बाकिर मिली पूरा आजादी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 6, 2025

अक्सर पार्क, ट्रेन, बस आदि में प्रेमी जोड़ा रोमांस करत नजर आ जाला। हालांकि एह दौरान कइयन बेर डिस्टर्ब करे खातिर पुलिस आ जाले भा स्थानीय लोग टोक देला। अइसन प्रेमी जोड़न के अब चिंता

Share

रोमांस खातिर एह शहर में चल रहल बा स्पेशल कैब, तनिका महंगा बा बाकिर मिली पूरा आजादी

अक्सर पार्क, ट्रेन, बस आदि में प्रेमी जोड़ा रोमांस करत नजर आ जाला। हालांकि एह दौरान कइयन बेर डिस्टर्ब करे खातिर पुलिस आ जाले भा स्थानीय लोग टोक देला। अइसन प्रेमी जोड़न के अब चिंता करे के जरूरत नइखे। अइसन लोगन के सुविधा खातिर बेंगलुरू में एगो स्टार्टअप कंपनी स्मूच कैब सेवा सुरू कइले बिया। एह कैब में प्रेमी जोड़ा अपना मर्जी से आपन निजी समय बिता सकत बा। हालांकि कंपनी के एह सेवा के कुछ लोग अप्रिल फूल बता रहल। ओहिजा, कइयन लोग एह तरे के सेवा के विरोध करे लागल बा।

बता दींं कि तमाम कैब चालक अपना अपना गाड़ी में एह तरे के बोर्ड लगा रखले बा लो कि ‘कृपया इहां रोमांस मत करीं, ई कैब बा राउर घर ना’. एह तरे के बोर्ड प्रेमी जोड़न खातिर तनिका परेसानी भरल बा। एही बीच आइल स्मूच कैब संबंधित नया खबर प्रेमी जोड़न के उत्साह से भर देले बा। एह स्मूच कैब्स में बेवस्था बा कि यात्रा के दौरान प्रेमी जोड़न के कवनो बेवधान ना होई। बलुक एह कैब्स में सवार होके ऊ लोग आपन गंतव्य बताई लो आ जेतना समय तक ऊ लोग कैब में बितावल चाहत बा, ऊ समय बता दीं। एकरा बाद कैब चालक आराम से गाड़ी चलावत ओतना समय तक गंतव्य तक पहुंचा दी।

कंपनी रखीं प्राइवेसी के पूरा ध्यान

एमे कैब चालक के कवनाे जल्दी ना होई। ओकर काम एतना भर होई कि धीरे-धीरे ऊ गाड़ी चलावत रही एह कैब में प्रेमी जोड़न के प्राइवेसी के पूरा ध्यान रखल गइल बा। एमे अगिला आउर पिछला सीट के बीच में परदा होई। कैब के खिड़की अपारदर्शी होई। गाड़ी के केबिन पूरा तरे से जीरो नॉइस होई। एकरा से गाड़ी के बाहर के आवाज, इहां तक कि अगिला सीट तक से कवनो आवाज पीछे ना जाई। एकरा से बाहर केहू लड़े भा चिल्लाए, पीछे बइठल प्रेमी जोड़न के शांति भंग ना होई।

आउर कैब से तनिका महंगा बा सेवा

कंपनी बतवलस कि एह कैब में यात्रा करे में समय तनिका जादे जरूर लागत बा। ई एहिसे कि इहां समय ना, कैब में सवार होखे वालन के निजी पल जादे महत्व रखत बा। कंपनी बतवलस कि मैजेस्टिक से जयानगर जाये में ओइसे तs 1 घंटा लागेला, बाकिर जदि कैब में सवार प्रेमी जोड़ा कहत बा कि ओकरा सांझ तक अपना गंतव्य पs पहुंचे के बा तs ऊ अपना बतावल समय पs पहुंची। एह दौरान पूरा समय गाड़ी सड़क पs चलत रही। हालांकि कैब के गति के प्रेमी जोड़न के जरूरत आ आवश्यकतन के अनुसार कम भा जादे कइल जा सकत बा। चूंकि एह सेवा में समय जादे लाग रहल बा, एहिसे ई बाकी कैब सेवा से तनिका महंगा बा।

Read Also: Bihar: एह विद्यालय में कबो देस के पहिला राष्ट्रपति कइले रहस शिक्षा ग्रहण, आज संसाधनन के कमी से बा हाल बेहाल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.