[the_ad_group id="30365"]

Deoria Murder Case: देवरिया हत्याकांड में 77 के खिलाफ मुकदमा, 15 गिरफ्तार, छावनी में तब्दील भइल गांव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रुद्रपुर कोतवाली के फतेहपुर के लेहड़ा टोला में एके परिवार के पांच लोगन के गोली मारके आ पीट-पीट के भइल हत्या के ममिला में पुलिस 15 आरोपितन के गिरफ्तार कइले बिया। 12 आरोपित अभियो फरार बाड़ें सs। ओकरा गिरफ्तारी खातिर पुलिस के छव टीम लगातार दबिश दे रहल बिया।

पूर्व जिला पंचायत सदस्य दबंग प्रेम चंद्र यादव के हत्या के प्रतिशोध में लेहड़ा के सत्य प्रकाश दुबे, उनकर पत्नी आ दुगो बेटी आ एगो बेटा के गोली मारकर आ पीटके भइल हत्या के ममिला में देर रात पुलिस रामजी यादव समेत 27 नामजद आ 50 अज्ञात के विरुद्ध हत्या के प्रयास के मुकदमा दर्ज कइले बिया।

पुलिस एह ममिला में 15 हत्यारोपितन के गिरफ्तारी करे के दावा कइले बिया। दुपहरिया बाद हत्यारोपितन के जेल भेजे के कार्रवाई पुलिस सुरू करी।

दूसरको दिन पुलिस छावनी में तब्दील रहल गांव

घटना के दूसरका दिन मंगर के लेहड़ा गांव पुलिस छावनी में तब्दील रहल। पूरा रात पीएसी आ तीन थानाध्यक्ष पुलिस बल के संगे तैनात रहल। एकरा अलावे पूर्व जिला पंचायत सदस्य के दुआरी पs पुलिस आ पीएसी तैनात बा। सीओ रुद्रपुर जिलाजीत चौधरी मवका पs पुलिस बल के संगे जमल बाड़ें।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]