गैस चेंबर से भी बदतर हो गइल दिल्ली, कई इलाकन में 500 ले पहुंचल AQI, हालत खराब
आजकल दिल्ली-एनसीआर में सांस ले मुश्किल हो गईल बा। दरअसल दिल्ली-एनसीआर में वायु प्रदूषण के स्तर अउरी खराब हालत में बा। अगर श्रेणी के आधार पs बात कईल जाए तs दिल्ली में प्रदूषण के स्थिति गंभीर बनल बा। काल्हु एक्यूआई 470 रहल तs आजु एक्यूआई 494 हो गइल बा. दिल्ली के अलग-अलग इलाका में एक्यूआई के आंकड़ा आईल बा। अलीपुर में 500, आनंद विहार में 500, बवाना में 500 के स्तर पs एक्यूआई बनल बा। एतने ना दिल्ली में ग्रेप 4 लागू हो चुकल बा। एकरा चलते दिल्ली के स्कूल भी बंद हो गईल बा, जहां अब फिजिकल मीडियम के माध्यम से ना बालुक ऑनलाइन मीडियम के माध्यम से कक्षा चलावल जाई।
एक्यूआई कहाँ बा?
हवा के गुणवत्ता के बात करीं तs अलीपुर में 500, बवाना में 500, आनंद विहार में 500, डीटीयू में 496, द्वारका सेक्टर 8 में 496, दिलशाद गार्डन में 500, आईटीओ में 386, जहांगीरपुरी में 500, जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम में 500 , लोधी में रोड में 493, मेजर ध्यान चंद नेशनल स्टेडियम में 499, मंदिर मार्ग में 500, मुंडका में 500 आ नजफगढ़ में 49 पs पहुँच गइल बा. दिल्ली के हवा के गुणवत्ता गंभीर श्रेणी में बनल बा। अयीसना में दिल्ली में ग्रेप 4 के लागू कs दिहल गईल बा। एही कारण से दिल्ली के अलावे नोएडा, गाजियाबाद, हापुड़, मेरठ के स्कूल बंद कs दिहल गईल बा अवुरी अब ऑनलाइन माध्यम के माध्यम से कक्षा चलावल जाई।
कोर्ट केन्द्र आ दिल्ली सरकार के डांट लगवलस
दरअसल दिल्ली के बढ़त प्रदूषण के स्तर के चलते सुप्रीम कोर्ट केंद्र अवुरी दिल्ली सरकार के डांटले रहे। एह दौरान कोर्ट दिल्ली-एनसीआर के स्कूल बंद करे के निर्देश दिहलस। एकरा बाद दिल्ली विश्वविद्यालय भी ऑनलाइन माध्यम से कक्षा चलावे के फैसला कईलस। बता दीं कि दिल्ली में बढ़त प्रदूषण के चलते लोग के साँस लेबे में दिक्कत हो रहल बा. वायु प्रदूषण के मामला में सुप्रीम कोर्ट केंद्र अवुरी दिल्ली सरकार के कड़ा फटकार देले रहे। प्रदूषण रोके में सरकार के लापरवाही पs कोर्ट तीखा सवाल उठवलस, जवना के बाद कोर्ट राज्य के कड़ा आदेश जारी कs देलस।
Comments are closed.