Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UCEED 2025: आईआईटी बॉम्बे बढ़वलस यूसीड परीक्षा खातिर पंजीकरण करे के समय सीमा, अब एह तारीख तक करीं आवेदन

695

UCEED 2025: भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान बॉम्बे (IIT Bombay) UCEED 2025 (अंडरग्रेजुएट कॉमन एंट्रेंस एग्जाम फॉर डिजाइन) खातिर पंजीकरण के अंतिम तिथि बढ़ा देले बा। ऊ उम्मीदवार जे एह परीक्षा में सम्मिलित होखल चाहत बा लो, ऊ UCEED के आधिकारिक वेबसाइट uceed.iitb.ac.in. पs जाके आवेदन कs सकत बा। अब आवेदन करे के अंतिम तिथि 18 नवम्बर 2024 तक बा।

आधिकारिक सूचना में ई स्पष्ट कइल गइल बा, “विलंब शुल्क के संगे ऑनलाइन पंजीकरण के अंतिम तिथि सोमार, 18 नवम्बर 2024 के सांझ 5:00 बजे तक बढ़ा दिहल गइल बा। एह तिथि के आगे बढ़ावे के कवनो योजना नइखे।”

UCEED 2025 परीक्षा के तिथि आ परीक्षा पैटर्न 

UCEED 2025 के आयोजन 19 जनवरी 2025 के कइल जाई। ई परीक्षा एके शिफ्ट में सबेरे 9:00 बजे से 12:00 बजे तक होई। परीक्षा दु भागन में बांटल जाई:

1. भाग-A: ई कंप्यूटर-आधारित होई।

2. भाग-B: एमे स्केचिंग से जुड़ल प्रश्न होई। जवना के उम्मीदवार के दिहल गइल शीट पs हल करे के होई।

उम्मीदवारन के दुनो भागन के निर्धारित समय सीमा के भीतर हल कइल अनिवार्य बा। परीक्षा के कुल अवधि 3 घंटा होई। ई परीक्षा भारत के 27 शहरन में आयोजित कइल जाई।

पात्रता मानदंड

जदि उम्मीदवार ओपन, ईडब्ल्यूएस भा ओबीसी-एनसीएल श्रेणी से संबंधित बा, तs ओकर जन्म 1 अक्तूबर 2000 के बाद होखे के चाहीं।

जदि उम्मीदवार एससी, एसटी भा पीडब्ल्यूडी श्रेणी से संबंधित बा, तs ओकर जन्म 1 अक्तूबर 1995 के बाद होखे के चाहीं।

UCEED 2025: पंजीकरण प्रक्रिया

  • आधिकारिक वेबसाइट पs जाके नीचे दिहल गइल चरणन के पालन करत उम्मीदवार आपन आवेदन कs सकत बा लो।
  • UCEED के आधिकारिक वेबसाइट uceed.iitb.ac.in. पs आईं।
  • होम पेज पs दिख रहल UCEED 2025 पंजीकरण लिंक पs क्लिक करीं।
  • एगो नया पेज खुली, के उम्मीदवारन के अपना पंजीकरण करे के होई।
  • पंजीकरण के बाद, उम्मीदवार के अपना खाता में लॉगिन करे के होई।
  • फेर आवेदन पत्र भरीं आ आवेदन शुल्क के भुगतान करीं।
  • आवेदन पत्र के सबमिट करीं आ पुष्टिकरण पृष्ठ डाउनलोड करीं।
  • भविष्य में उपयोग खातिर ओकर एगो हार्ड कॉपी रखीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.