सारण: भाजपा नेता के घर में डकैती ममिला में डीआईजी कइलें थानाध्यक्ष सस्पेंड
सारण डीआईजी पुलिसिंग में विफलता के चलते कोपा थानाध्यक्ष लालबाबू प्रसाद के निलंबित करत लाइन हाजिर कs देले बाड़ें। एकर जानकारी एसपी आशीष कुमार प्रेस विज्ञप्ति जारी करत देले बाड़ें। कोपा थाना के बसडीला गांव में भाजपा नेता के घर डकैती में पुलिस के विफलता मानत ई कार्रवाई कइल गइल।
अमनौर के थानाध्यक्ष बनलें कुंदन कुमार
एकरा संगही पिंटू कुमार के नया थानाध्यक्ष नियुक्त कs दिहल गइल बा। कुछ समय से रिक्त अमनौर थानाध्यक्ष पद पs कुंदन कुमार के नया थानाध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा। एह कार्रवाई के बारे में प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से जानकारी दिहल गइल बा।
दरअसल कोपा थाना क्षेत्र के बसडिला गांव में हाले में भइल डकैती के घटना आ एकरा अलावे कइयन मवका पs अपराध नियंत्रण, विधि बेवस्था आ आउर क्षेत्र में लापरवाही होखला के कारण डीआईजी के आदेस पs एसपी के ओर से कार्रवाई कइल गइल बा।
Comments are closed.