सारण SP कर्तव्यहीनता के आरोप में अमनौर थानेदार के कइलें निलंबित

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 28, 2024

सारण पुलिस के खिलाफ कर्तव्य के अवहेलना अवुरी अनुशासनहीनता के आरोप में लगातार कार्रवाई कइल जाता। एही क्रम में सारण जिला के अमनौर थाना के खिलाफ कार्रवाई भइल। सारण के एसपी कुमार आशीष अमनौर थाना

Share

सारण पुलिस के खिलाफ कर्तव्य के अवहेलना अवुरी अनुशासनहीनता के आरोप में लगातार कार्रवाई कइल जाता। एही क्रम में सारण जिला के अमनौर थाना के खिलाफ कार्रवाई भइल। सारण के एसपी कुमार आशीष अमनौर थाना प्रभारी के निलंबित कऽ देले बाड़े।

आंतरिक शिकायत समिति जांच के बाद कार्रवाई कइले बिया। अमनौर थाना प्रमुख के निलंबन पुलिस विभाग में चर्चा के विषय बन गइल बा। एसपी कुमार आशीष एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी कऽ के निलंबन के बारे में जानकारी देले बाड़े।

एसपी कुमार आशीष एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी कऽ के कहले कि, आतंरिक शिकायत समिति के रिपोर्ट अउरी सिफारिश के आधार पऽ अमनौर थाना प्रमुख जफरुद्दीन के अनुशासनहीनता, कर्तव्य के अवहेलना अउरी पुलिस के छवि खराब करे के आरोप में तुरंत प्रभाव से निलंबित कऽ दिहल गइल बा। एकरा संगे-संगे विभागीय कार्रवाई के खिलाफ सफाई के मांग कइल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.