[the_ad_group id="30365"]

03 नवंबर 2024 के राशिफल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 03/11/2024

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

रात के 10 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- तृतीया।

अनुराधा नक्षत्र

समस्त।

सौभाग्य जोग

दिन के 11 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद शोभन जोग।

बालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 04/11/2024

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- तृतीया

रात के 11 बजके 24 मिनट ले।

दिन- सोमार।

अनुराधा नक्षत्र

सबेरे के 08 बजके 04 मिनट ले।

शोभन जोग

दिन के 11 बजके 43 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

भवन भूमि के विवादन के अंत होई। बाबूजी के बेवसाय में रूचि कम रही। राउर समर्थक आज राउरे विरोध करी लो। अपना हिसाब से जिनगी जियल पसंद करी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

समय रहते आपन काम पूरा क लीं। सहजोग के कमी के चलते काम प्रभावित होई। घर में वास्तु के मोताबिक परिवर्तन करे से पारिवारिक तनाव खतम होई। फैक्ट्री में प्रवेश द्वार प पंचमुखी हनुमान के तस्वीर लगावे से चमत्कारिक लाभ होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

व्ययस्ता के कारण सेहत के मत भूलीं। अपना जीवन साथी से नम्रता से बात का आ रउआ दुनो के वार्तालाप में बनावटीपन ना होके, स्नेह बनल रहे। वाणी में मधुरता राखीं जतरा के जोग बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 सेहत के नजरअंदाज मत करी। बिना मतलब के केहू के परेसान मत करी। मेहमानन के खातिरदारी करे के पड़ी। रउआ संपर्कन से रुकल काम पूरा होई। बहिन के चिंता रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

जल्दबाजी में लिहल फसीला भारी नुकसान पहुंचा सकत बा। परिवार में राउर बातन के सुनल जाई। धार्मिक कार्यक्रमन में सहभागिता होई। जीवन साथी के स्वास्थ में सुधार होई। परीक्षा परिणाम अनुकूल होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

समय से पहिले आ भाग से बेसी केहू के कुछ ना मिलेला। उचित होई कि अपना बारी के इंजतार करी। संतान के सहजोग से काम पूरा होई। नया लोगन से संपर्क बनला के संगही भविष्य में ई रउआ खातिर लाभदायक रही। वाहन सुख संभव बा।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

केहू के बहकावा से आपन संबंध मत तुड़ीं। धेयान रहे कि जवन लोग दूसरा के मदद करत बा ओकरा मदद के जरूरत पड़ला प कइयन लोग ओकरा संगे खड़ा हो जाला। माई के स्वास्थ के चिंता रही। गोड़ में चोट के भय बा। समाज में नाव होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

रउआ जेकर सहजोग जरूरत के समय कइले रहनी, आज उहे रउआ से मुंह फेर सकत बानी। बीमारी में दवाई असर ना करी। बेहतर होई, आपन डॉक्टर बदलीं भा कवनो योग्य व्यक्ति से सलाह लीं। नया भवन में जाये के जोग बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

अपना स्वभाव में परिवर्तन ले आईं। कार्यस्थल प योजना लाभप्रद रही। पड़ोसियन के मदद करे के पड़ सकत बा। क्रोध के अधिकता से परिजन नाखुश होई लो। शेयर बाजार में निवेश से लाभ होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

केहू के बहकावा में रउआ बहुते जल्दी आ जानी। समय रहत जरूरी कामे पूरा क लीं। निजी जिनगी में दूसर केहू के प्रवेश मत करे दीं। बाबूजी के बेवहार से मन मुटाव होई। जीवन शैली में परिवर्तन के जोग बा। पुरान दुश्मनी के चलते विवाद संभव बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

सोचल काम समय प होखला से मन प्रसन्न रही। अपना वाक्चातुर्य से सब काम आसानी से करवा लेम। कार्यस्थल प आपन अलग पहचान स्थापित करेम। प्रेम प्रसंग के चलते मन उदास होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

रउआ कार्यक्षमता में बढ़न्ती होई। जीवनशैली में आय परिवर्तन से खुश होई। आजीविका के नया स्त्रोत्र स्थापित होई। पारिवारिक सोहार्द बनल रही। मांगलिक समारोह में सक्रिय भूमिका रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]