[the_ad_group id="30365"]

पश्चिम बंगाल के बीरभूम में TMC नेता के पीट-पीट के हत्या, मामला में 5 लोग गिरफ्तार

Crime : news
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

पश्चिम बंगाल के बीरभूम जिला में तृणमूल कांग्रेस यानी टीएमसी के एगो स्थानीय नेता के पीट-पीट के हत्या कs दिहल गईल। पुलिस अतवार के घटना के ब्यौरा दिहलस। पुलिस बतवले बा कि शनिचर के रात बोलपुर शहर के लगे पारुलडांगा में 40 बरीस के समीर थांदर पs हमला कs दिहलस जब ऊ घरे लवटत रहुवे. उs कंकलिताला पंचायत के सदस्य रहले। पुलिस के कहनाम बा कि समीर थांदर के बर्दवान मेडिकल कॉलेज एंड अस्पताल में इलाज के दौरान मौत हो गईल।

 

समीर थांदर के बेटा प्रतीक थांदर कहले कि, गांव के कुछ लोग हमरा पिता पs हमला कईले, हमनी के उनुका के बचा के अस्पताल में भर्ती करवनी जा, बाकिर उहाँ उनुकर मौत हो गईल। सूरी विधानसभा सीट से तृणमूल कांग्रेस विधायक विकास राय चौधरी बतवले कि थांदर पs हमला गांव में कुछ विवाद के चलते भईल आशंका बा। उ कहले कि, हमनी के एs मामला में उचित जांच अवुरी कार्रवाई के मांग करतानी। पुलिस के कहनाम बा कि एs घटना में पांच लोग के हिरासत में लिहल गईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]