IPL 2023 के ऑक्शन में सामिल होई लो कुल 991 खिलाड़ी, देखीं कवना देस के केतना प्लेयर्स करववले बा लो रजिस्ट्रेशन

Share

IPL 2023 Auction Kochi: इंडियन प्रीमियर लीग 2023 के तइयारी सुरू हो गइल बा। एह सीजन खातिर 23 दिसंबर 2022 के कोच्चि में ऑक्शन के आयोजन कइल जाई। आईपीएल 2023 के ऑक्शन खातिर कुल 991 खिलाड़ी रजिस्ट्रेशन करववले बा लो। एमे 714 भारतीय आ 277 विदेशी खिलाड़ी सामिल बा लो। अबकी बेर ऑक्शन में सामिल होखे वाला विदेशी टीमन पs नजर डालल जाव तs एमे सबसे जादे ऑस्ट्रेलिया के खिलाड़ी हिस्सा लिही लो। ऑस्ट्रेलिया के कुल 57 खिलाड़ी आईपीएल 2023 के ऑक्शन के हिस्सा होई लो। एकरा बाद दक्षिण अफ्रीका दूसरा स्थान पs बा।

आईपीएल ऑक्शन से ठीक पहिले बियफे के एगो मीडिया एडवाइजरी जारी कइले बा। एमे ऑक्शन में सामिल हो रहल खिलाड़ियन के जिकिर कइल गइल बा। आईपीएल बतवलस कि भारत के 714 खिलाड़ी ऑक्शन के हिस्सा होई लो। जबकि विदेश के 277 खिलाड़ी होई लो। एमे 185 कैप्ड खिलाड़ी बा लो, जबकि 786 अनकैप्ड खिलाड़ी बा लो। ओहिजा 20 खिलाड़ी नेशनल टीम के हिस्सा बा लो। जदि भारतीय कैप्ड खिलाड़ियन के बात कइल जाव तs एमे 19 खिलाड़ी सामिल होई लो। इंडियन प्रीमियर लीग के पिछला सीजन के हिस्सा रह चुकल 91 अनकैप्ड भारतीय खिलाड़ी ऑक्शन में सामिल होई लो।

जदि विदेशी टीमन पs नजर डालीं तs एमे सबसे जादे ऑस्ट्रेलिया के खिलाड़ी ऑक्शन के हिस्सा होई लो। ऑस्ट्रेलिया के 57 खिलाड़ी होई लो। जबकि दक्षिण अफ्रीका के 52 खिलाड़ी ऑक्शन में हिस्सा ली लो। एही तरे अफगानिस्तान के 14, बांग्लादेश के 6, इंग्लैंड के 31, आयरलैंड के 8, नामीबिया के 5, नीदरलैंड्स के 7, न्यूजीलैंड के 27, स्कॉटलैंड के 2, श्रीलंका के 23, यूएई के 6, जिम्बाब्वे के 6 आ वेस्टइंडीज के 33 खिलाड़ी ऑक्शन के हिस्सा होई लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-