फिल्मकार अशोक पंडित के ट्विटर अकाउंट भइल सस्पेंड, कपिल मिश्रा पूछलें- का ’72 हूरें’ फिल्म बा एकर वजह?

Share

फिल्म निर्माता अशोक पंडित के ट्विटर अकाउंट सस्पेंड हो गइल बा। ट्विटर अकाउंट सस्पेंड होखे के वजह अभी सामने नइखे आइल। हालांकि, एसे उनकर फिल्म ’72 हूरें’ से जोड़के देखाले जा रहल बा। बीजेपी नेता कपिल मिश्रा अशोक पंडित के ट्विटर अकाउंट सस्पेंड होखे पs सवाल उठवलें बाड़ें।

काहे सस्पेंड भइल ट्विटर अकाउंट: Kapil Mishra

कपिल मिश्रा एगो ट्वीट कs के कर विरोध कइले बाड़ें। ऊ ट्वीट कs के पूछलें कि 72 हूरें के रिलीज से पहिले अशोक पंडित के ट्विटर अकाउंट काहे सस्पेंड कइल गइल। ऊ ट्वीटर अकाउंट के फेर से चालू करे के मांगो कइलें बाड़ें।

’72 हूरन’ पs छिड़ल बहस

अशोक पंडित के ट्विटर अकाउंड अइसन वक्त पs सस्पेंड भइल बा जब कुछे दिनन बाद उनकर फिल्म ’72 हूरें’ रिलीज होखे वाला बा। ’72 हूरें’ के जब से टीजर आइल बा, तब से लोग कर विरोध कइल सुरू कs देले बा। लोग फिल्म के बैन करे के मांग कइले बा।

फिल्म के टीजर रिलीज

अभी कुछे दिन पहिले ’72 हूरें’ फिल्म के टीजर रिलीज भइल बा। संजय पूरन सिंह चौहान के फिल्म ’72 हूरें’ के टीजर बीतल अतवार के रिलीज कइल गइल। 51 सेकंड के एह टीजर में ओसामा बिन लादेन, अजमल कसाब, याकूब मेमन, मसूद अजहर, हाफिज सईद आ सादिक सईद जईसन खूंखार आतंकवादियन आ चरमपंथी नेता लोगन के जिकिर बा।

ट्विटर पs मुखर रहल बाड़ें अशोक पंडित

फिल्मकार अशोक पंडित लगातार सोशल मीडिया पs सक्रिय रहेले। ट्विटर पs ऊ अलग-अलग मुद्दन पs आपन प्रतिक्रिया देत रहेलें। अकाउंट सस्पेंड होखे से पहिले ऊ कइयन ट्वीट साझा कइले बाड़ें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-