[the_ad_group id="30365"]

Sunny Deol Vs Bobby Deol: सिनेमाघरन में अबकी बेर टकराई लो दु गो सग्गा भाई, बॉक्स ऑफिस पs मची ‘गदर’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Sunny Deol Vs Bobby Deol: साल 2023 के सुरुआत बॉक्स ऑफिस खातिर बहुते अच्छा रहल। शाहरुख खान चार साल बाद आवतही बॉक्स ऑफिस पs कहर मचा देलें, उनकर फिल्म ‘पठान’ दुनियाभर में 1000 करोड़ से जादे के बिजनेस कइलस।

एह फिल्म के बाद कार्तिक आर्यन के शहजादा आ अक्षय-इमरान के सेल्फी बॉक्स ऑफिस पs फुस्स रहल, बाकिर रणबीर के ‘तू झूठी, मैं मक्कार’ सब कुछ संभार लेलस। साल 2023 में कइयन गो बड़ फिलिम रिलीज खातिर तइयार बा। एह साल बॉक्स ऑफिस पs दु गो सग्गा भाईयन के बीच कांटे के टक्कर ऑडियंस के देखे के मिली।

बॉक्स ऑफिस पs टकराई लो ई दु सग्गा भाई

जून में ‘आदिपुरुष’ के रिलीज के बाद अगस्त में तीन बड़ फिल्मन के बीच कड़ा टक्कर देखे के मिले वाला बा। अक्षय कुमार के ‘ओह माय गॉड’ , सनी देओल के ‘गदर 2’ आ रणबीर कपूर के ‘एनिमल’ एके दिन पs थिएटर में दस्तक दी।

ई तीन फिलिम सिनेमाघरन bमें 11 अगस्त 2023 के रिलीज होई। हालांकि, ओह माय गॉड से जादे लोगन के जदि कवनो फिलिम के टक्कर देखे के इंतजार बा, तs ऊ हs गदर 2 आ एनिमल। रणबीर कपूर के अलावे फिल्म ‘एनिमल’ में सनी देओल के छोट भाई बॉबी देओल अहम भूमिका निभा रहल बाड़ें।

कुछ दिन पहिलही फिलिम के सेट से रैपअप शूट के तस्वीर सामने आइल रहे, जेमे बॉबी देओल रणबीर के केक खिलावत नजर आ रहल बा। अब तक तs तीन फिल्मन के डेट उहे बा, बाकिर आगे का होई, एकर अंदाजा केहुओ के नइखे।

एनिमल आ गदर 2 के टीजर हो चुकल बा रिलीज

रउआ सभे के बता दीं कि गदर 2 के मुकाबले ‘एनिमल’ के बज तनिका कम बा। ‘गदर 2’ के निर्देशक अनिल शर्मा अपना एह फिलिम के बज के बना के रखे खातिर ‘गदर-एगो प्रेम कथा’ के 9 जून के थिएटर में री-रिलीज कइलस। ई फिलिम वीकेंड तक 75 लाख के बिजनेस कs लेलस, जवन 22 साल पुरान फिल्म खातिर खुद में बहुते मायने रखत बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]