झारखंड के बोकारो जिला में सोमार के दिने केन्द्रीय रिजर्व पुलिस बल के कोबरा कमांडो से भइल मुठभेड़ में छह गो नक्सली मारल गइले. जिला के लालपनिया इलाका के लुगु हिल्स में सबेरे करीब साढ़े पांच बजे मुठभेड़ भईल। जानकारी देत सीआरपीएफ कहलस कि ‘209 कमांडो बटालियन फॉर रिजोल्यूट एक्शन’ (कोबरा) के जवानन से भइल मुठभेड़ में छह गो नक्सली मारल गइल आ एगो इंसास राइफल आ एगो ‘सेल्फ लोडिंग राइफल’ जब्त कs लिहल गइल. अबे ले कवनो जवान के घायल होखे के खबर नईखे। रुक-रुक के फायरिंग जारी बा
कोबरा सीआरपीएफ के एगो खास इकाई हs जवन जंगल युद्ध के रणनीति में दक्षता खातिर जानल जाला।
Jharkhand | A total of 6 Maoists have been neutralised by troops, and one SLR, two INSAS rifles, and one pistol have been recovered. No injury to troops reported. Intermittent firing continues. More details awaited: CRPF https://t.co/4f8uAAsqQU
— ANI (@ANI) April 21, 2025
इहो पढ़ीं: वक्फ कानून के बाद अब UCC के बारी? BJP जारी कईलस वीडियो