दीपावली आ छठ पूजा के वजह से 20 अक्टूबर से दिल्ली से पटना आवे वाली नियमित ट्रेनन में सीट फुल बा। लोग वेटिंग टिकट ले रहल बा। आउर बड़े शहरन से आवे वाली ट्रेनन के ले देके इहे हाल बा। अइसन में टिकट बुकिंग ना करा सके वाला लोगन के सुविधा खातिर पूर्व मध्य रेलवे स्पेशल ट्रेनन के परिचालन करी। अभी तक 40 जोड़ी स्पेशल ट्रेनन के समय सारिणी ऑनलाइन कs दिहल गइल बा। अक्टूबर के अंतिम सप्ताह तक करीब 15 जोड़ी आ स्पेशल ट्रेनन के परिचालन कइल जाई।

Post Views: 16