[the_ad_group id="30365"]

October Festivals: नवरात्रि, दशहरा आ दीवाली ले कईगो बड़ व्रत-त्योहार पड़ रहल बा अक्टूबर में ईहाँ देखीं पूरा लिस्ट

October Festivals: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अक्टूबर महीना एह साल व्रत आ त्योहार से भरल होखे वाला बा. एह साल नवरात्रि से दशहरा आ नरक चतुर्दशी अक्टूबर में पड़ रहल बा. सर्व पितृ पक्ष अक्टूबर के पहिला हफ्ता में खतम होखे वाला बा। अमावस्या के अगिला दिन से शारदीय नवरात्रि शुरू हो रहल बा। ई महीना त्योहार से शुरू होखे वाला बा आ त्योहार पs खतम होखे वाला बा. एही कारण से धार्मिक दृष्टिकोण से एह महीना के बहुत खास मानल जाला। इहाँ जान लीं कि अक्टूबर महीना के कवना दिन कवन व्रत भा परब होखे वाला बा. एकादशी आ प्रदोष व्रत के तिथि भी एह सूची में शामिल बा।

अक्टूबर में व्रत आ त्योहार के लिस्ट 

*1 अक्टूबर, मंगल – चतुर्दशी श्राद्ध

*2 अक्टूबर, बुध – आश्विन अमावस्या आ सर्वपितृ अमावस्या

*3 अक्टूबर, बियफ़ें – शारदीय नवरात्रि के प्रथम दिन, मां शैलपुत्री के पूजा आ व्रत

*6 अक्टूबर, शनिचर – विनायक चतुर्थी

*8 अक्टूबर, मंगल – स्कंद षष्ठी

*9 अक्टूबर, बुध – कल्परम्भ

*10 अक्टूबर, बियफ़ें – नवपत्रिका पूजा, सरस्वती पूजा

*11 अक्टूबर, शुक – महानवमी, दुर्गा महाष्टमी पूजा, संधि पूजा

*12 अक्टूबर, शनिचर – विजयदशमी, दशहरा, शरद नवरात्रि के पारण, दुर्गा विसर्जन

*13 अक्टूबर, अतवार – पापांकुशा एकादशी

*15 अक्टूबर, मंगल – प्रदोष व्रत

*16 अक्टूबर, बुध – कोजागर पूजा, शरद पूर्णिमा

*17 अक्टूबर, बियफ़ें – मीराबाई जयंती, तुला संक्राति, आश्विन पूर्णिमा व्रत

*18 अक्टूबर, शुक – कार्तिक मास आरंभ

*20 अक्टूबर, अतवार – अहोई अष्टमी, राजा कुंड स्नान, संकष्टी चतुर्थी

*29 अक्टूबर, मंगल – धनतेरस, यम दीपम, प्रदोष व्रत

*30 अक्टूबर, बुध – मासिक शिवरात्रि, काली चौदस, हनुमान पूजा

*31 अक्टूबर, बियफ़ें – नरक चतुर्दशी, छोटी दीवाली

एह साल के आखिरी सूर्यग्रहण आ आखिरी चंद्रग्रहण भी अक्टूबर महीना में बा। 2 अक्टूबर के सूर्यग्रहण होखे वाला बा आ 17 अक्टूबर के रात में चंद्रग्रहण के संभावना बा।

अस्वीकरण: इहाँ दिहल जानकारी सामान्य मान्यता आ जानकारी पs आधारित बा। खबर भोजपुरी एकर पुष्टि नइखे करत.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]