5000mAh Battery Smartphone: पॉवरफुल बैटरी वाला सस्ता फोन, दाम 7 हजार रुपिया से कम

Share

घर के कवनो सदस्य खातिर एगो सस्ता फोन किन रहल बानी तs ई जानकारी रउआ काम के होई। रउआ 5000mAh बैटरी वाला फोन के सात हजार रुपिया से कम में किन सकत बानी। जी हs, रियलमी अपना नारजो सीरीज में एगो सस्ता फोन पेश करत बा। एह फोन के नाम Realme Narzo N61 हs। हालांकि, इहां बतावल जरूरी बा कि रियलमी के ई सस्ता फोन एगो 4G फोन हs। आईं एह फोन के स्पेक्स आ कीमत के लेके जानकारी चेक कs लीं-

Realme Narzo N61 स्मार्टफोन के स्पेक्स

  • प्रोसेसर-Realme Narzo N61 स्मार्टफोन के कंपनी Octa Core Chipset के लगे पेश करत बा।
  • डिस्प्ले- रियलमी फोन 6.74 इंच लार्ज डिस्प्ले, 90hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट आ 560 निट्स पीक ब्राइटनेस के संगे आवता बा। फोन मिनी कैप्सूल 2.0 फीचर के संगे ले आवल जात बा।
  • रैम आ स्टोरेज-Realme Narzo N61 के दु वेरिएंट में किनल जा सकत बा। फोन 4GB/6GB रैम ऑप्शन आ 64GB/128GB स्टोरेज के संगे आवत बा।
  • बैटरी- रियलमी फोन 5000mAh बैटरी के संगे आवत बा। कंपनी के कहनाम बा कि फोन 30 घंटन के वॉइस कॉल आ 1013 घंटन के स्टैंडबाई टाइम देत बा।
  • कैमरा-Realme Narzo N61 फोन के 32MP सुपर क्लियर कैमरा के संगे ले आवल जात बा। फोन सेल्फी खातिर 5MP फ्रंट कैमरा के संगे आवेला।

Realme Narzo N61 के कीमत

Realme Narzo N61 के कीमत के बात करीं तs फोन दुगो वेरिएंट में किन सकत बानी-

  • 4GB+64GB वेरिएंट के कीमत 6,999 रुपिया पड़ेला।
  • 6GB+128GB वेरिएंट के कीमत 7,999 रुपिया पड़ेला।

एह फोन के खरीदारी रियलमी के ऑफिशियल वेबसाइट से कइल जा सकत बा। एकरा अलावे, ई फोन अमेजनो से चेक कइल जा सकत बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-