JioPhone Prima 2 लॉन्च: दनादन चली यूट्यूब, ऑनलाइन पेमेंट करे के मिली सुविधा; कीमत 2799 रुपिया

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 14, 2024

रिलायंस जियो भारत में अपना फीचर फोन पोर्टफोलियो में एगो नया फोन जोड़ले बा। JioPhone Prima 2 4G के नाम से ले आवल गइल फोन के बिक्री खातिर अमेजन पs उपलब्ध करवा दिहल गइल बा।

Share

रिलायंस जियो भारत में अपना फीचर फोन पोर्टफोलियो में एगो नया फोन जोड़ले बा। JioPhone Prima 2 4G के नाम से ले आवल गइल फोन के बिक्री खातिर अमेजन पs उपलब्ध करवा दिहल गइल बा। आवे वाला दिनन में बिक्री खातिर रिलायंस के डिजिटल स्टोर्स आ जियो मार्ट पs पs ले आवल जा सकत बा।

केतना बा कीमत

ब्लू कलर में लॉन्च भइल JioPhone प्राइमा 2 फोन के 2799 रुपिया के कीमत में लॉन्च कइल गइल बा। ई फोन पिछिला साल लॉन्च कइल गइल जियोफोन प्राइमा के सक्सेसर हs। एमे फीचर्स के लिहाज से तनिका बहुत अपग्रेड बा।

दनादन चली यूट्यूब

Jio phone 2

क्वालकॉम SoC के ओर से संचालित फोन Kai-OS प्लेटफॉर्म पs चलत बा, जवन YouTube, Facebook आ Google Voice Assistant के सपोर्ट करत बा। एमे JioTV, JioCinema, JioSaavn आ कइयन गो आउर मनोरंजन ऐप बा। फोन में JioChat आ बिना कवनो ऐप के नेटिव वीडियो कॉलिंग खातिर रियर आ सेल्फी कैमरा बा।

यूपीआई पेमेंट के मिली सुविधा

एह फीचर फोन से क्यूआर कोड स्कैन कs के पेमेंटो कइल जा सकत बा। एमे जियो पे एप दिहल गइल बा। एमे 2000mAh बैटरी दिहल गइल बा। फीचर फोन में चैट करे के सुविधो मिलेला।

JioPhone Prima 2 फुल स्पेक्स

  • 2.4-इंच (320 x 240 पिक्सल) QVGA कर्व्ड डिस्प्ले
  • क्वालकॉम SoC
  • 512 MB रैम, 4GB इंटरनल स्टोरेज, माइक्रोएसडी के संगे 128GB तक एक्सपेंडेबल मेमोरी
  • KAI OS 2.5.3
  • रियर कैमरा
  • LED टॉर्च
  • 0.3MP (VGA) फ्रंट कैमरा
  • 3.5mm ऑडियो जैक, FM रेडियो
  • JioPay UPI
  • फोन 23 भाषा के सपोर्ट करेला
  • 4G VoLTE, ब्लूटूथ 5.0, USB 2.0
  • 2000mAh के बैटरी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.