Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर से दिवाली में चली 4 स्पेशल ट्रेन: दिल्ली, राजकोट, यशवंतपुर आ उधना के सफर होई आसान, यात्रियन के मिली राहत

21

गोरखपुर में दिवाली आ छठ पs यात्रियन के बढ़त भीड़ के ध्यान में रखत रेलवे प्रशासन दु गो नया फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन चलावे के निर्णय लेले बा। एमे राजकोट-गोरखपुर, छपरा-यशवंतपुर, मऊ-उधना आ गोरखपुर-दिल्ली रूट पs चले वाली ट्रेन सामिल बाड़ी सs। ई विशेष ट्रेन अक्टूबर आ  नवंबर के महीनन में चलावल जाई।

राजकोट-गोरखपुर फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन

ट्रेन नंबर 09597/09598 राजकोट से 30 अक्टूबर से लेके 27 नवंबर तक हर बुध के आ गोरखपुर से 31 अक्टूबर से 28 नवंबर तक हर बियफे के चली । राजकोट से साँझ 3:15 बजे चले वाली ई ट्रेन दूसरका दिन रात 9:30 बजे गोरखपुर पहुंची।

IND vs NZ 2nd Test: न्यूजीलैंड के टीम दूसरका ऑल आउट, भारत के मिलल 358 रन के टारेगट

जबकि गोरखपुर से 11:30 बजे चल के ई ट्रेन तीसरका दिन सबेरे 10 बजे राजकोट पहुंची। एह ट्रेन में कुल 20 कोच होई, जेमे वातानुकूलित, शयनयान आ  सामान्य कोच सामिल बा।

छपरा-यशवंतपुर फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन

ट्रेन नंबर 05185/05186 छपरा से 2 आ 9 नवंबर के आ यशवंतपुर से 4 आ 11 नवंबर के चलाई। छपरा से सबेरे 5:30 बजे चले वाली ई ट्रेन यशवंतपुर तक पहुंचे में तीसरका दिन सबेरे 10:30 बजे पहुंची।

वापसी में यशवंतपुर से रात 10:40 बजे चलला के बाद ई ट्रेन तीसरका दिन रात 11:55 बजे छपरा पहुंची। ट्रेन में 22 कोच होई, जेमे शयनयान आ वातानुकूलित इकोनॉमी श्रेणी के कोच सामिल बा।

मऊ-उधना फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन

ट्रेन नंबर 05017/05018 मऊ से 26 अक्टूबर, 2 आ 9 नवंबर के आ उधना से 27 अक्टूबर, 3 आ 10 नवंबर के चली। मऊ से सबेरे 5:30 बजे चलके ई  ट्रेन अगिला दिन दुपहरिया 12:30 बजे उधना पहुंची। ओहिजा, उधना से दुपहरिया 3 बजे चलके ई मऊ में तीसरका दिन रात 9 बजे पहुंची। एह ट्रेन में कुल 20 कोच लगावल गइल बा, जेमे शयनयान आ वातानुकूलित कोच होई।

गोरखपुर-दिल्ली फेस्टिवल स्पेशल ट्रेन

ट्रेन नंबर 05001/05002 गोरखपुर से 27 अक्टूबर, 3 आ 10 नवंबर के आउर दिल्ली से 28 अक्टूबर, 4 आ 11 नवंबर के संचालित होई। गोरखपुर से साँझ 7:30 बजे चलके ई ट्रेन अगिला दिन दुपहरिया 1:15 बजे दिल्ली पहुंची। दिल्ली से दुपहरिया 3 बजे चले वाली ई ट्रेन अगिला दिन सबेरे 8:45 बजे गोरखपुर पहुंची। ट्रेन में कुल 22 कोच होई , जेमे शयनयान आ वातानुकूलित श्रेणी के कोच सामिल बा।

996310cookie-checkगोरखपुर से दिवाली में चली 4 स्पेशल ट्रेन: दिल्ली, राजकोट, यशवंतपुर आ उधना के सफर होई आसान, यात्रियन के मिली राहत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.