[the_ad_group id="30365"]

यूपी में ट्रेन के फेर पलटावे के कोशिश,10 किलो के लकड़ी के टुकड़ा पs चढ़ल बरेली-वाराणसी एक्सप्रेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एक बेर फेरु उत्तर प्रदेश में ट्रेन के पटरी से उतारे के कोशिश कईल गईल बा। रेल पटरी पs लकड़ी के टुकड़ा पड़ल मिलल। लकड़ी के टुकड़ा चलत ट्रेन से टकरा गईल। उत्तर प्रदेश के लखनऊ से नई दिल्ली रेल मार्ग पs इs बड़ दुर्घटना टल गईल बा।

एक्सप्रेस ट्रेन में फंसल लकड़ी के टुकड़ा

स्थानीय अधिकारी बतवले कि मलिहाबाद अवुरी काकोरी रेलवे स्टेशन के बीच रेल पटरी पs लकड़ी राखल गईल। बरेली-वाराणसी एक्सप्रेस ट्रेन में लकड़ी के टुकड़ा फंस गईल। ट्रेन दु फीट लंबा अवुरी 10 किलो वजन के लकड़ी के टुकड़ा से टकरा गईल।

दू घंटा ले ट्रेन के परिचालन बंद हो गइल

हालांकि लोको पायलट तुरंत ट्रेन के रोक देले। एकरा से एगो बड़ दुर्घटना के टाल दिहल गईल। घटना के तुरंत बाद स्टेशन मास्टर के ऊपर नीचे पटरी के चेतावनी जारी कs दिहल गईल। पटरी के जांच के दौरान अप पटरी पs लकड़ी के डाढ़ भी मिलल। एकरा चलते करीब दु घंटा ले ट्रेन के संचालन बंद रहे।

रायबरेली में मालगाड़ी के पटरी से उतारे के कोशिश

बता दीं कि एकरा से पहिले राय बरेली में ट्रेन के पलटे के कोशिश भईल रहे। रायबरेली में मालगाड़ी सीमेंट वाला स्लीपर से टकरा गईल। लोको पायलट के बुद्धि के चलते बड़ दुर्घटना से बचे के मौका मिलल। इs घटना रायबरेली के लक्ष्मणपुर स्टेशन के पास के हs।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]