27 फरवरी 2022 के राशिफल

Share

दिनांक- 27/02/2022
गणेशाय नमः 

आज के पंचांग 

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-द्वादशी

रात के 03 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद त्रयोदशी।

दिन-अतवार

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

भोर के 07 बजके 00 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तरषाढ़ा नक्षत्र।

व्यतिपात जोग

साँझ के 04 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद वरीयान जोग।

कौलव करण।

यायिजय जोग

रात के 04 बजके 15 मिनट से,

06 बजके 15 मिनट ले।

सर्वार्थ सिद्धि जोग

भोर के 07 बजे से

05 बजके 55 मिनट रात ले।

त्रिपुष्कर जोग

भोर के 07 बजे से,

रात के 03 बजके 58 मिनट ले।

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-28/02/2022

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-त्रयोदशी

रात के 01 बजके 59 मिनट ले।

दिन-सोमार

श्रवण नक्षत्र

रात के 04 बजके 16 मिनट ले।

वरीयान जोग

दिन में 01 बजके 21 मिनट ले।

गर करण।

सर्वार्थ सिद्धि जोग

रात के 04 बजके 16 मिनट ले।

व्रत- सोम प्रदोष

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

 बेवसायिक काम में बाझ सकेनी एकरा बादो पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। शिक्षा के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

 चार ग्रहन के युति रुकल काम के पूरा कराई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग मिली। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

  आर्थिक पक्ष मजबूत होई, बाकिर स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा। बेकार के भाग-दउर बनल रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म बिस्वास बढ़ी।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 बेवसायिक कोसिस सफल होई। चल भा अचल संपति के ममिला में सफलता मिली। जीविका के क्षेत्र में चल रही कोसिस कामयाब रही। आपस के संबंध गहिर होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

  स्वास्थ के लेके धेयान देला के खास जरूरत बा, रोग भा विरोधी से तनाव मिल सकेला। कवनो तरे के जोखिम नइखे उठावे के। धीर राखीं, जीवन साथी के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई, आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरत के सामान बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। रचना के काम सफल होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

 चलल आवत समस्या पs लगाम लागी। रचना के काम सफल रही। सामाजिक कामन में मन लागी। काम के पूरा होखला से आत्मसम्मान बढ़ी।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

 आर्थिक पक्ष मजबूत होई, कइल गइल मेहनत काम आई। धन सम्मान यश किर्ति बढ़ी। दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही, कइल गइल मेहनत सफल रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

  बुद्धि लगा के कइल गइल काम कामयाब रही। रचना के कामन में सफलता मिली। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। घर के जरूरी सामान बढ़ी। संबंध बनी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 रिस्तन में सुधार होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई, शासन सत्ता से सहजोग लेला से सफलता मिली। रचना के काम में सफलता मिली।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

 जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। बेकार के परेसानी रही। शनि, बुद्ध, शुक्र, मंगल, राउर राशि से बारहवां होई, अपने लोग से तनाव मिली। धीरज से काम लीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 उपहार भा सम्मान मिली, जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई, शिक्षा के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई। दामपत्य जिनगी में मिठास आई।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-