28 फरवरी 2022 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 28, 2022

दिनांक- 28/02/2022 गणेशाय नमः  आज के पंचांग  फागुन मास कृष्ण पक्ष तिथि-त्रयोदशी रात के 01 बजके 59 मिनट ले, ओकरा बाद चतुर्दशी। दिन-सोमार श्रवण नक्षत्र रात के 04 बजके 16 मिनट ले, ओकरा बाद धनिष्ठा

Share

दिनांक- 28/02/2022
गणेशाय नमः 

आज के पंचांग 

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-त्रयोदशी

रात के 01 बजके 59 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन-सोमार

श्रवण नक्षत्र

रात के 04 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद धनिष्ठा नक्षत्र।

वरीयान जोग

दिन में 01 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद परिघ जोग।

गर करण।

सर्वार्थ सिद्धि जोग

रात के 04 बजके 16 मिनट ले।

व्रत- सोम प्रदोष

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-01/03/2022

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-चतुर्दशी

रात के 12 बजके 27 मिनट ले।

दिन-मंगर

धनिष्ठा नक्षत्र

रात के 03 बजके 18 मिनट ले।

परिघ जोग

दिन में 10 बजके 38 मिनट ले।

भद्र करण।

श्री माहशिवरात्रि 14 व्रतम्।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

 बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी, संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। शिक्षा के क्षेत्र से जुड़ल प्रतियोगिता में सफलता मिली। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म बिस्वास बढ़ी।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

 बाबूजी भा धरम गुरु के सहजोग मिली। मन में डर रही। स्वास्थ के लेके धेयान देला के जरूरत बा। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

  स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा, संतान भा शिक्षा तनाव के वजे बन सकेला। धीर राखीं, जीवन साथी के सहजोग मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। जीवन साथी के खूब सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म बिस्वास बढ़ी।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

  रचना के काम सफल रही। झगड़ा, विवाद आ स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो अइसन बात हो सकेला जवन रउआ हित में ना होखे। जीवन साथी के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

 आर्थिक ममिला में जोखिम नइखे लेवे के। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। बेवसायिक कोसिस सफल रही। रचना के काम में सफलता मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

 कवनो काम के पूरा होखला से आत्म सम्मान में इजाफा होई। शिक्षा के क्षेत्र में कइल जा रहल कोसिस सफल रही। वाहन से सावधानी राखीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

 बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। धन सम्मान यश किर्ति में इजाफा होई। सामाजिक कामन में मन लागी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। कइल गइल मेहनत सफल रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

  पद आ प्रतिष्ठा बढ़ी। दोसरा से सहजोग लेला में सफलता मिली। रचना के काम में सफलता मिली। उपहार आ सम्मान मिली।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्म बिस्वास बढ़ी। रचना के काम में सफलता मिली। जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। घर के जरूरी सामान बढ़ी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

 संतान के स्वास्थ के लेके चिंता रही। पारिवारिक समस्या बन सकेला।  बेकार के उलझन रही। धीर राखीं। जीवन साथी के सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी, जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। शासन सत्ता से सहजोग मिली। दामपत्य जिनगी में मिठास आई। कइल गइल मेहनत सफल रही।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.