Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

26 फरवरी 2022 के राशिफल

402

दिनांक- 26/02/2022
गणेशाय नमः 

आज के पंचांग 

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-दसमी

भोर के 08 बजके 30 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी

भोर में 06 बजके 11 मिनट ले।

दिन-सनिचर

मूल नक्षत्र

भोर के  08 बजके 38  मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाषाढ़ा।

 सिद्धि जोग

रात के 07 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद व्यतिपात जोग।

भद्र करण।

विजया एकादशी व्रत,

स्मार्तानाम्।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-27/02/2022

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-द्वादशी

रात के 03 बजके 58 मिनट ले।

दिन-अतवार

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

भोर के 07 बजके 00 मिनट ले।

व्यतिपात जोग

दिन में 04 बजके 16 मिनट ले।

कौलव करण।

यायिजय जोग

रात में 03 बजके 58 मिनट से।

सर्वार्थ सिद्धि जोग

भोर के 07 बजे से

भोर के 06 बजके 15 मिनट ले।

त्रिपुष्कर जोग

भोर के 07 बजे से

रात के 03 बजके 58 मिनट ले।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

 पारिवारिक आ  बेवसायिक ममिला में सफलता मिली। धरम का क्षेत्र में मन लागी। जीविका के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

 स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा, मानसिक तनाव आ सकेला। जतरा के संजोग बनी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

  रोजी रोटी के दिसा में चल रहल कोसिस सफल रही। रचना के काम में सफलता मिली। शासन सत्ता से सहजोग मिली। बेवसायिक ममिला में सुधार होई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

  आर्थिक पक्ष मजबूत होई, स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई। दामपत्य जिनगी सुख से भरल होई। बेवसायिक कोसिस सफल रही।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

  आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। सम्मान में इजाफा होई। शिक्षा के क्षेत्र में कइल गइल कोसिस सफल रही। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

चल भा अचल संपति बढ़ी, सामाजिक कामन में सफलता मिली। भाई-बहिन के सहजोग मिली, बहुत उमेद लागल काम पूरा होखी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

 भावुकता पs लगाम रखला के जरूरत बा, घर के जरूरी सामान बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम में सफलता मिली। मानसिक तनाव आ सकेला। भाग-दउर बनल रही।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

 बहुते उमेद के काम आगा बढ़ी, जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी, स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरूरत बा। कइल गइल मेहनत सफल रही।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

  अचके कवनो काम के पूरा होखला से मन खुस रही, बेवसाय में लाभ रही। चल भा अचल संपति बढ़ी। आत्मबल मजबूत होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी, उपहार भा सम्मान मिली। रचना के काम में सफलता मिली। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही। चोट चपेट के इस्तिथी बन सकेला।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

 आर्थिक पक्ष मजबूत होई, शासन सत्ता के सहजोग मिली। स्वास्थ में सुधार होई। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विसवास आउर बढ़ी।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 धन सम्मान यश आ किर्ति बढ़ी, सामाजिक काम में मन लागी। शासन सत्ता के सहजोग भेंटी। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी।
222290cookie-check26 फरवरी 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.