Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

26वीं वाहिनी पीएसी गोरखपुर के हॉल में मनल अमृतमहोत्सव सप्ताह के तीसरा दिन

मेधावी लइकन अउरी लड़की लोग के सम्मानित कइल गइल।

535

देश के आज़ादी के 75वीं वर्षगाँठ पर मनावल जा रहल अमृतमहोत्सव के उपलक्ष्य में अमृतमहोत्सव सप्ताह(11.08.22 से 17.08.22तक) के तीसरे दिन दिनाँक 13.08.22 को सुबह 10:00 बजे 26वीं वाहिनी पीएसी गोरखपुर के बैडमिंटन हॉल में श्रीमान सेनानायक महोदय श्री कुन्तल किशोर IPS के निर्देशन में अउरी सहा० सेनानायक महोदया श्रीमती निष्ठा उपाध्याय के अध्यक्षता में सम्मान समारोह कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल।

एहमें छोट विद्यार्थियन के संगे स्वतंत्रता संग्राम में भाग लेवे वाले वीरन के वीरगाथा के याद कइल गइल, देश भक्ति गीत गावल गइल आउरी एक निश्चित मानक के अनुसार मेधावी लइकन अउरी लड़की लोग के सम्मानित कइल गइल। एह अवसर पर शिविर पाल श्री चंद्र प्रताप सिंह , सूबेदार सैन्य सहायक श्री संदीप यादव अउरी कंपनी कमांडर मोहम्मद रफीक सहित अन्य अधिकारी अउरी कर्मचारी उपस्थित रहलें।

308760cookie-check26वीं वाहिनी पीएसी गोरखपुर के हॉल में मनल अमृतमहोत्सव सप्ताह के तीसरा दिन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.