[the_ad_group id="30365"]

5 जिलन में लागी बिजली के 26 लाख स्‍मार्ट प्रीपेड मीटर, ऊर्जा मंत्री बोलले-देश के नाया राह दिखा रहल बा बिहार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के ग्रामीण क्षेत्रन में स्मार्ट प्रीपेड मीटर लगावे के काम जल्दिये शुरू होई। एकरा के लेके बियफे के नॉर्थ बिहार पॉवर डिस्ट्रीब्यूशन कंपनी लिमिटेड आ सिक्योर मीटर्स लिमिटेड के बीच करार भइल। करार के तहत उत्तर बिहार के पांच जिलन सीतामढ़ी, शिवहर, पूर्वी चंपारण, पश्चिम चंपारण के ग्रामीण क्षेत्रन में आ मुजफ्फरपुर के ग्रामीण आ शहरी इलाकन में स्मार्ट मीटर लगावल जाई। एह जिलन में 26 लाख स्मार्ट प्रीपेड मीटर 30 महीना में लगावल जाई।

बिहार में स्मार्ट प्रीपेड मीटर लगावे के काम के दु चरण में बांटल गइल रहे। पहिला चरण में शहरी क्षेत्रन में आठ लाख से जादे स्मार्ट मीटर लगाके बिहार एह ममिला में देश में लगातार पहिला स्थान पs बनल बा। बियफे के भइल एह करार से दूसरा चरण के शुरुआत होई। एकरा पहिले 13 मई 2022 के दक्षिण बिहार के कई जिलन जइसे- भागलपुर शहर, बांका, जमुई आ शेखपुरा के ग्रामीण क्षेत्रन में दस लाख स्मार्ट मीटर लगावे के करार जीनस पावर के साथे कइल गइल रहे आ काम प्रगति पs बा। स्मार्ट प्रीपेड मीटर लगावे के संगही सिक्योर मीटर लिमिटेड एनर्जी ऑडिटो करी।

पूरा देश के राह दिखा रहल बा बिहार: बिजेंद्र

ऊर्जा मंत्री बिजेंद्र प्रसाद यादव कहले कि स्मार्ट प्रीपेड मीटर लगावे के दिशा में बिहार पूरा देश के राह दिखा रहल बा। आज के दिन ऐतिहासिक बा, काहे कि स्मार्ट मीटर लगावे खातिर अब तक के देश के ई सबसे बड़ करार हs। ऊर्जा विभाग के प्रधान सचिव संजीव हंस कहले कि शहरी क्षेत्रन  में स्मार्ट मीटर के प्रति उपभोक्ता लो के प्रतिक्रिया बहुते सुखद आ उत्साहजनक रहल बा। बिहार में अब तक आठ लाख 29 हजार स्मार्ट प्रीपेड मीटर लाग चुकल बा। उम्मीद बा कि ग्रामीण क्षेत्रन में हमनी के लोगने के सहजोग मिली। ऊ ग्रामीण क्षेत्रन में स्मार्ट प्रीपेड मीटर के विषय में उपभोक्ता लोग के बीचे जागरूकता बढ़ावे आ स्मार्ट मीटर लगावे खातिर कुशल प्रबंधन करे के निरदेस देले बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]