Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भगवंत अनमोल सहित 24 लेखक ‘साहित्य अकादमी युवा पुरस्कार 2022’ से सम्मानित, देखीं पूरा लिस्ट

454
Google Ads 300*250 for posts

Sahitya Akademi Yuva Puraskar 2022: हिंदी के युवा आ चर्चित लेखक भगवंत अनमोल के साहित्य अकादमी युवा पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल गइल बा।  भगवंत अनमोल के उनका उपन्यास ‘प्रमेय’ खातिर ई सम्मान प्रदान कइल गइल बा।

भगवंत अनमोल के संगे कुल 24 भारतीय भाषा के युवा लेखकन के साहित्य अकादमी एह साल के युवा पुरस्कार से सम्मानित कइले बा। प्रसिद्ध लेखिका ममता कालिया आ साहित्य अकादमी के अध्यक्ष डॉ. चंद्रशेखर कम्बार आ उपाध्यक्ष माधव कौशिक युवा रचनाकारन के नई दिल्ली इस्थित त्रिवेणी कला संगम में आयोजित समारोह में सम्मानित कइल।

साहित्य अकादमी के सचिव डॉ. के. श्रीनिवासराव बतवलें कि साहित्य अकादमी के अध्यक्ष डॉ. चंद्रशेखर कम्बार के अध्यक्षता में भइल कार्यकारी मंडल के बैठक में अलग-अलग भाषा के 24 लेखकन के कृतियन के बरिस 2022 के साहित्य अकादमी युवा पुरस्कार खातिर चुनल गइल रहे। चयनित साहित्यकारन के नामन के घोषणा अगस्त में कइल गइल रहे।

हिंदी लेखक भगवंत अनमोल

भगवंत अनमोल के पुस्तकन में ‘ज़िन्दगी 50-50’, ‘कामयाबी के अनमोल रहस्य’ आ ‘तुम्हें जीतना ही होगा’ बहुते चर्चित रहल बा। किन्नर समाज पर लिखल गइल उपन्यास ‘ज़िन्दगी 50-50’ दैनिक जागरण के बेस्ट सेलर सूची में सामिल रहल बा। एह उपन्यास के कर्नाटक विश्वविद्यालय, धारवाड़ अपना एमए हिंदी के पाठ्यक्रम में सामिल कइले बा।

भगवंत के आउर उपन्यास ‘द परफेक्ट लव’, ‘प्रमेय’, ‘एक रिश्ता बेनाम सा’ आ ‘बाली उमर’ के पाठक लोग खूब पसंद कइले। छोटे उमिर से चर्चित साहित्य सृजन खातिर भगवंत अनमोल के उत्तर प्रदेश हिंदी संस्थान द्वारा युवा लेखन पुरस्कार बालकृष्ण शर्मा ‘नवीन’ पुरस्कार से सम्मानित कइल जा चुकल बा

‘प्रमेय’ उपन्यास खातिर उनका के ‘साहित्य अकादेमी युवा पुरस्कार 2022’ से सम्मानित कइल जा रहल बा। ‘प्रमेय’ उपन्यास विज्ञान आ धर्म के बीच सत्ता संघर्ष दर्शावत बा।

भगवंत अनमोल के जनम 30 अगस्त, 1990 के कानपुर में भइल। लडिकाईये में बाबूजी (पिता) के खो देवे वाला भगवंत कंप्यूटर साइंस से बी. टेक. के डिग्री हासिल कइलें। तालीम हासिल कइला के बाद ऊ एगो मल्टीनेशनल कंपनी में सॉफ्टवेर इंजीनियर के रूप में काम कइलें। नौकरी में मन ना लगला के कारण भगवंत कानपुर लौट अइलें आ समाजसेवा के संगे लेखन से जुड़ गइलें। भगवंत अनमोल हकलाये वाला लईकन के मदद खातिर स्पीच थेरेपी करेलें।

एह लेखकन के मिलल सम्मान

साहित्य अकादमी युवा पुरस्कार 2022 खातिर कुल 24 लेखकन के सम्मानित कइल गइल बा। जवना लेखकन के सम्मानित कइल गइल ओमे बांग्ला भाषा में सुमन पतारी, अंग्रेजी भाषा में मिहिर वत्स, उर्दू भाषा में मकसूद आफाक, संस्कृत भाषा में श्रुति कानिटकर, राजस्थानी में आशीष पुरोहित, सिंधी भाषा में हिना आसवाणी, पंजाबी भाषा में संधू गगन, असमिया भाषा में प्रद्युम्न कुमार गोगोई, बोडो भाषा में सुमन पातारी, डोगरी भाषा में आशु शर्मा, गुजराती में भरत खेनी, कन्नड में दादापीर जैमन, कश्मीरी में शाइस्ता खान, कोंकणी में मायरन जेसन बार्रेटो, मैथली में नवकृष्ण ऐहिक, मलयालम में अनघा जे. कोलथ, मणिपुरी में सोनिया खुंद्राकपम, मराठी में पवन नालट, नेपाली में रोशन राई चोट, ओडिआ में दिलीप बेहरा, संताली में सालगे हांसदा, सिंधी में हिना आसवाणी, तमिल में पी. कालिमुथ्थु आ तेलुगु में पल्लिपुट्टु नागाराजु सामिल बा लोग।

साहित्य अकादमी युवा पुरस्कार

साहित्य अकादमी युवा पुरस्कार 35 बरिस से कम उमिर के लेखकन के प्रदान कइल जाला। साहित्य अकादमी यूथ अवॉर्ड के तहत 50,000 रुपिया के नकद राशि, उत्कीर्ण तांबे के पट्टिका आ प्रशस्ति पत्र प्रदान कइल जाला।

422570cookie-checkभगवंत अनमोल सहित 24 लेखक ‘साहित्य अकादमी युवा पुरस्कार 2022’ से सम्मानित, देखीं पूरा लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.