Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल में सामिल होइहें पद्म श्री सम्मान से साम्मानित गायिका मालिनी अवस्थी

634

गोरखपुर: गोरखपुर के साहित्य के सबसे बड़ आ अनूठा आयोजन गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल के एह साल के आयोजन 7-8 जनवरी के होटल विवेक उत्सव लॉन, बैंक रोड, एसबीआई मेन ब्रांच के सोझा, गोरखपुर में होई। बता दीं की एह साल के आयोजन में देस के ख्याति प्राप्त साहित्यकार आ कलाकार लोगन के मवजूदगी रही। एह कड़ी में एगो नाम पद्म श्री से सम्मानित मालिनी अवस्थी के बा, आई जानल जाव इहां के बारे में…

अवधी, बुंदेलखंडी आ भोजपुरी के चर्चित गायिका हई पद्म श्री से सम्मानित मालिनी अवस्थी 

पद्म श्री सम्मान से सम्मानित मालिनी अवस्थी एगो भारतीय लोक गायिका हई। ऊ अवधी, बुंदेलखंड आ भोजपुरी जइसन भाषा में गावे खातिर जानल जाली। एकरा साथे उनकर ठुमरी आ कजरी के प्रस्तुति लोगन द्वारा बहुते पसन कइल जाला। साल 2016 में पद्म श्री के नागरिक सम्मान से सम्मानित कइल गइल बा। संगीत के संगे-संगे साहित्यों में उनकर गहिराह रुचि बा।

मालिनी अवस्थी के जन्म उत्तरप्रदेश के कन्नौज में 11 फरवरी 1967 में भइल रहे। ऊ भटकखंड विश्वविद्यालय, लखनऊ से हिंदुस्तान शास्त्रीय संगीत में स्नातकोत्तर बाड़ी। ऊ बनारस घराना के पद्म विभूषण विदुशी गिरिजा देवी, पौराणिक हिंदुस्तान शास्त्रीय गायक के शिष्या हई। उनकर शादी वरिष्ठ आईएएस अधिकारी अवनीश अवस्थी भइल बा। ऊ अखिल भारतीय रेडियो के एगो लोकप्रिय ए ग्रेड कलाकार हई। ऊ अमेरिका, इंग्लैंड, फिजी, मॉरीशस आ हॉलैंड देस के यात्रा करत रहेली आ देसभर के बड़ आयोजनन में सामिल होत रहेली। मालिनी अवस्थी के पद्मश्री (2016), सहारा अवध सम्मान (2003), यश भारती यूपी सरकार 2006 , नारी गौरव 2000 आ कालिदास सम्मान 2014 से सम्मानित कइल जा चुकल बा।

423370cookie-checkगोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल में सामिल होइहें पद्म श्री सम्मान से साम्मानित गायिका मालिनी अवस्थी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.