Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल के आयोजन 7-8 जनवरी के, सामिल होइहें जानल-मानल साहित्यकार चन्द्रशेखर वर्मा 

379

गोरखपुर के साहित्य के सबसे बड़ आ अनूठा आयोजन गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल के बिगुल बाज गइल बा। एह साल के आयोजन 7-8 जनवरी के होटल विवेक उत्सव लॉन, बैंक रोड, एसबीआई मेन ब्रांच के सोझा, गोरखपुर में होई। बता दीं की एह साल के आयोजन में देस के ख्याति प्राप्त साहित्यकार आ कलाकार लोगन के मवजूदगी रही। एही में से एगो नाम चंद्र शेखर वर्मा के बा, आई जानल जाव इहां के बारे में…

हिंदी के जानल-मानल साहित्यकार हवें चंद्र शेखर वर्मा 

हिंदी के मूर्धन्य साहित्यकार श्री भगवती चरण वर्मा के पोता आ प्रसिद्ध लेखक श्री धीरेन्द्र वर्मा के बेटा चंद्र शेखर वर्मा के साहित्य विरासत में मिलल बा। ऊ हिंदी, अंग्रेजी आ उर्दू तीनों भाषा के जानकार हवें। अंग्रेजी में उनकर उपन्यास कॉर्नर्स ऑफ ए स्ट्रेट लाइन एगो बेस्ट सेलर उपन्यास हs आ उनकर गजल रेख्ता में प्रकाशित हो चुकल बा। अभी हाले में प्रकाशित चौदह लेफ्ट चौदह राइट हिंदी में उनकर पहिलका कृति हs। मनोविज्ञान आ प्रबंधन में परास्नातक चंद्रशेखर वर्मा जानल मानल वक्ता आ मोटिवेटर हवे जिनका के ना खाली भारत बलुक बिदेसन में बहुते सराहल गइल बा।

421800cookie-checkगोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल के आयोजन 7-8 जनवरी के, सामिल होइहें जानल-मानल साहित्यकार चन्द्रशेखर वर्मा 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.