पाकिस्तान के कराची के मलीर जेल में बंद 22 भारतीय मछुआरन के रिहा कs दिहल गइल बा। एगो स्थानीय समाचार पत्र मछुआरन के रिहाई के बारे में मलीर जेल अधीक्षक अरशद शाह के हवाला दिहल, जे बतवलें कि मछुआरन के सजा पूरा होखला के बाद सुक के रिहाई दिहल गइल। आज उनका के भारत के सउपल जा सकत बा।
पाकिस्तानी मीडिया के अनुसार, एधी फाउंडेशन अध्यक्ष फैसल एधी मछुआरन के लाहौर पहुंचावे खातिर परिवहन के बेवस्था कइलस। ऊ मछुआरन के यात्रा खर्च वहन कइला के संगही उनका के उपहार आ नकद राशि प्रदान कइलें। मछुआरा लाहौर से भारत वापस लउटी लो।
एधी फाउंडेशन सरकारन से दयालु दृष्टिकोण अपनावे के आग्रह कइलेंं
एधी फाउंडेशन के अध्यक्ष फैसल दुनो सरकारन से आग्रह कइलें कि मछुआरन के प्रति दयालु दृष्टिकोण अपनावल जावs। काहेकि ऊ अनजाना में समुद्री सीमा के पार कइले रहे। एधी लमहर समय तक जेल में रहला के दौरान मछुआरन के परिवारन के पीड़ा के उजागर कइलें। ऊ मछुआरन के सजा पूरी होखला के बाद तुरंत रिहा करे आ जल्दी वापस भेजे के अपील कइलें।
वाघा बॉर्डर से मछुआरन के भेजेला लो पाकिस्तानी अधिकारी
बता दीं कि पाकिस्तानी अधिकारी वाघा बॉर्डर के माध्यम से भारतीय मछुआरन के वापस भेजे के बा। जहां भारतीय अधिकारी औपचारिकता पूरा कइला के बाद ओह लोगन के घर वापसी के सुविधा प्रदान करेला लो। दुनो देस नियमित रूप से मछुआरन के गिरफ्तार करत बाड़ें, जे अक्सर अनजाना में सीमांकित समुद्री सीमा के पार कs जाला।
पाकिस्तान में 266 भारतीय कैदी, भारत में 462
एक जनवरी के दुनो देस कैदियन के सूची के आदान-प्रदान कइले रहे, जवना के अनुसार- पाकिस्तान में 266 भारतीय कैदी बा लो, जेमे 49 नागरिक कैदी आ 217 मछुआरा रहे लो। ओहिजा, भारतीय जेलन में कुछ 462 पाकिस्तानी कैदी बंद बा, जेमे 381 नागरिक कैदी आ 81 मछुआरा बा लो।
Read Also: Rajasthan News: मुख्यमंत्री भजनलाल के मिलल जान से मारे के धमकी, दौसा के श्यालावास जेल से आइल रहे कॉल